[the_ad_group id="30365"]

Punjab News: BSF ने अमृतसर के बीओपी चन्ना में कइलस पाकिस्तानी घुसपैठिया के ढेर, सर्च अभियान जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमृतसर के तहसील अजनाला के बीओपी चन्ना के लगे बीएसएफ पाकिस्तानी घुसपैठियन के ढेर कs देले बा। बतावल जा रहल बा कि BSF द्वारा पाकिस्तानी घुसपैठियन के ढेर कइल गइला के बाद इलाका में सर्च अभियान चलावल जा रहल बा।

बीएसएफ पाक घुसपैठिया के मार गिरवलस 

समाचार एजेंसी पीटीआई के अनुसार, सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) पंजाब में भारत-पाकिस्तान अंतरराष्ट्रीय सीमा से लागल गुरदासपुर सेक्टर में मंगर के एगो पाकिस्तानी घुसपैठिया के मार गिरावले बा। अधिकारी लोग जानकारी देत बतावल गइल बा कि पाकिस्तानी घुसपैठिया के बारे में सबेरे 8 बजे के अगल-बगल जानकारी मिलल रहे। बीएसएफ के घुसपैठिया के हथियारन से लैस होखे के सूचना मिलल रहे। जवना के बाद ओकरा के मार गिरावल गइल रहे। अधिकारी कहलें कि फिलहाल इलाका में तलाशी अभियान चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]