[the_ad_group id="30365"]

टेकऑफ के दौरान प्लेन के इंजन कवर निकलल : अमेरिका के डेनवर एयरपोर्ट के घटना; एविएशन एजेंसी जांच करी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका में डेनवर से ह्यूस्टन जा रहल बोइंग 737-800 के इंजन के कवर टेकऑफ के वक्त रनवे पs उखड़ गइल। घटना अतवार दुपहरिया के हs। अब अमेरिका के फेडरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन एह ममिला के जांच कs रहल बिया। घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

साउथवेस्ट एयरलाइंस के एयरक्राफ्ट

अमेरिकी मीडिया हाउस CNN के रिपोर्ट के मोताबिक- अतवार के दुपहरिया साउथवेस्ट एयरलाइंस के बोइंग 737-800 डेनवर से ह्यूस्टन खातिर उड़ान भरे वाला रहे। एही दौरान एटीसी (एयर ट्रैफिक कंट्रोल) से पायलट कहलस- कइयन पैसेंजर्स आ फ्लाइट अटैंडेंट्स एयरक्राफ्ट के विंग के लगे बहुत तेज आवाज सुनले बा लो। अइसन लागत बा कि विंग से कवनो भारी चीज टकराइल बा।

एही दौरान कवनो पैसेंजर विंडो से दाहिना तरफ वाला विंग पोर्शन में मवजूद इंजन के कवर हटत देखलस। वास्तव में ई करीब-करीब उखड़ चुकल रहे।

दोसर फ्लाइट अरेंज कइल गई

साउथवेस्ट एयरलाइंस घटना के पुष्टि कइले बा। हालांकि, बहुत जादे जानकारी ओकरो तरफ से नइखे दिहल गइल। एयरलाइंस कहलस- घटना के करीब तीन घंटा बाद हमनी पैसेंजर्स के दूसरका फ्लाइट से ह्यूस्टन भेज देनी सs। पैसेंजर्स के जवन तकलीफ भइल, ओकरा खातिर हम माफी चाहत बानी। पैसेंजर्स आ स्टाफ के सेफ्टी हमनी खातिर सबसे पहिले बा। घटना में केहूओ के कवनो नुकसान ना  भइल।

फेडरल एजेंसी आ साउथवेस्ट के मेंटेनेंस टीम एयरक्राफ्ट के जांच कs रहल बिया। एयरक्राफ्ट बनावे वाली कंपनी बोइंग एह घटना पs कवनो बयान ना देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]