[the_ad_group id="30365"]

टेकऑफ के कुछ देर बादे समुद्र में क्रैश भइल विमान, मशहूर संगीतकार समेत 12 गो लोगन के मउत

होंडुरास में विमान क्रैश हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य अमेरिका में स्थित देश होंडुरास के तट पs एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.  एह दुर्घटना में 12 लोग के मउत हो गइल जवना में एगो मशहूर गरिफुना म्यूजिशियन शामिल रहले.  लांहसा एयरलाइंस के विमान रोआटन द्वीप से मुख्य भूमि शहर ला सेबा खातिर उड़ान भरला के कुछ देर बाद प्लेन रात समुद्र में गिर गइल.  जहाज में 17 यात्री अवुरी चालक दल रहले, जवना में से पांच लोग के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

पुलिस के मुताबिक विमान पूरा ऊंचाई पs ना पहुंचल अवुरी टक्कर के तुरंत बाद समुद्र में डूब गईल।  स्थानीय मछुआरा लोग के बचा लिहले।  होंडुरास सिविल एयरोनॉटिक्स एजेंसी के कहना बा कि एह दुर्घटना के जाँच चलत बा.

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर


[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]