गाजा में इजरायल के एयरस्ट्राइक से 200 लोगन के मौत, हमास बोलल- सीजफायर तुड़के बंधकन के भाग्य से खेलल जा रहल बा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

सेंट्रल डेस्क : गाजा पट्टी में इजरायली सेना एक बेर फेर हमला बोलले बिया। नेतन्याहू के सेना के हवाई हमलन में 200 फलस्तीनियन के मारल जाये के खबर बा। रॉकेट अटैक में कइयन गो लईकन

Share

सेंट्रल डेस्क : गाजा पट्टी में इजरायली सेना एक बेर फेर हमला बोलले बिया। नेतन्याहू के सेना के हवाई हमलन में 200 फलस्तीनियन के मारल जाये के खबर बा। रॉकेट अटैक में कइयन गो लईकन के जान गइल बा। इजरायली सेना एयरस्ट्राइक के बाद कहलस कि गाजा में ओकर सैन्य अभियान हवाई हमलन से आगहू जारी रही।

हमास कमांडरन के कइल गइल ढेर

इजरायली सेना कहलस कि ऊ गाजा में हमास कमांडरन के ढेर करे के संगे ओकर आतंकी अड्डन के निशाना बनावत रही। सेना कहलस कि जब तक जरूरत होई तब तक हमला जारी रही आ हवाई हमलन से आगहूं अभियान के विस्तार कइल जाई।

हमास चेतवलस

ओने, हमास चेतावनी देत कहलस कि गाजा में इजरायल के नया हमला युद्धविराम के उल्लंघन करत बा आ बंधकन के भाग्य के खतरा में डालत बा।

नेतन्याहू बतवलस हमला के कारण

इजरायल आज गाजा पट्टी पs हवाई हमलन के झड़ी लगा दिहल। इजरायल कहलस कि जनवरी में युद्ध विराम लागू होखला के बाद से एह क्षेत्र में ई सबसे बड़ हमला बा। प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू कहलें कि ऊ युद्ध विराम के आगे बढ़ावे खातिर वार्ता में प्रगति के कमी के कारण हमलन के आदेस देलें।

सीजफायर टूटल, बंधकन के जान के खतरा

नेतन्याहू के ई कहल कि इजरायल अब से सैन्य शक्ति में बढ़न्ती के संगे हमास के खिलाफ कार्रवाई करी। ई हमला मुस्लिम पवित्र महीना रमजान के दौरान सीजफायर के तुड़ देलस आ 17 महीना के युद्ध में पूरा तरे से लड़ाई के संभावना के बढ़ा देले बा।

बता दीं कि अभी ले इजरायल के हमला में 48000 से जादे फलस्तीनियन के मौत हो चुकल बा आ गाजा में व्यापक विनाश भइल बा। एह हमला के बाद हमास के ओर से बंधक बनावल गइल लगभग दु दर्जन इजरायली बंधकन के भाग्य पs अब खतरा पैदा हो गइल बा। श्

Read Also: भलुअनी में पत्रकार सम्मेलन खातिर तइयारी समिति के बैठक संपन्न

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.