[the_ad_group id="30365"]

Plane Crash: कजाखस्तान में 110 लोगन के ले जा रहल विमान दुर्घटनाग्रस्त, आग के गोला में भइल तब्दील; 40 से 70 मौत के आशंका

विमान दुर्घटनाग्रस्त
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कजाखस्तान के अक्तौ हवाई अड्डा के लगे एगो विमान हादसा के शिकार हो गइल बा। विमान में 105 यात्री आ चालक दल के पांच सदस्य सवार रहे लो। हादसा में अब तक 42 लोगन के मारल जाये के खबर बा। हालांकि, मृतकन के आधिकारिक संख्या अब तक सामने नइखे आइल, बाकिर हादसा के वीडियो देखत आशंका जतावल जा रहल बा कि हताहतन के संख्या बहुत जादे होई।

सुरुआती जानकारी के मोताबिक, अक्तौ शहर में विमान लैंडिंग के बेरा क्रैश हो गइल आ आग के गोला में तब्दील हो गइल। सुरुआती रिपोर्टन से पता चलल बा कि अजरबैजान एयरलाइंस के विमान अजरबैजान से रूस जात रहे। एह बीच एमे कुछ तकनीकी खराबी आ गइल। एकरा बाद विमान के ओर से अक्तौ हवाई अड्डा से आपातकालीन लैंडिंग के अनुमति मांगल गई। हालांकि, एह दौरान विमान क्रैश हो गइल।

विमान में कुछ लोग जिन्दा बांचल

समाचार एजेंसी मध्य एशियाई देस के आपातकालीन मंत्रालय के हवाले से बतवलस कि विमान में कुछ लोग जिन्दा बांचल बा। आपातकालीन सेवा मवका पs मवजूद बा। ओहिजा, कजाखस्तान मीडिया स्वास्थ्य मंत्री अकमारल अलनाजारोवा के हवाला से बतवलस कि एगो लईका सहित 12 यात्रियन के जिन्दा बचा लिहल गइल बा। हमनी के विशेषज्ञन, ट्रॉमेटोलॉजिस्ट, न्यूरोसर्जन सहित तमाम बचाव दलन के मवका पs भेज देले बानी सs। एयर एम्बुलेंस के बेवस्थो कइल गइल बा। हमनी के मवके पs सहायता प्रदान करे के कोसिस कs रहल बा। राहत आ बचाव कार्य जारी बा।

कइसे भइल हादसा?

दावा कइल जा रहल बा कि उड़ान भरे वाला एम्ब्रेयर 190 एएचवाई8243 विमान से एगो चिरई टकरा गइल। एह वजह से विमान के पायलट आपातकालीन लैंडिंग खातिर अक्तौ एयरपोर्ट से संपर्क कइलस। हालांकि, एकरा पहिले कि विमान लैंड कs पाइत, उ स्टीयरिंग फेल होखला के वजह से क्रैश हो गइल आ ओमे धमाका के संगे आग लाग गइल। फिलहाल आग के बुझा लिहल गइल बा।

Read Also: फेंक देनी संतरा के छिलका? बना सकेनी फेस मास्क, डबल हो जाई त्वचा के निखार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]