[the_ad_group id="30365"]

मोजाम्बिक के अदालत दिहलस अइसन आदेश कि भड़क गइल हिंसा, 21 लोगन के मउत

मोजाम्बिक में भड़कल हिंसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोजाम्बिक के सुप्रीम कोर्ट के फैसला से देश में बवाल मच गईल बा। देश के सुप्रीम कोर्ट एगो फैसला जारी कs के हिंसा के भड़कवलस। एहमें 21 लोग के मउत हो गइल. एहसे मोजाम्बिक हिंसा में मरे वालन के गिनिती डेढ़ सौ हो गइल बा.  बता दीं कि सत्तारूढ़ फ्रीलीमो पार्टी से राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार डेनियल चैपो के 9 अक्टूबर के भइल विवादित चुनाव के विजेता घोषित कइला के बाद ओहिजा हिंसा भइल जवना में दू गो पुलिस अधिकारी समेत कम से कम 21 लोग  मार दिहल गइल.  अधिकारी मंगल का दिने ई जानकारी दिहले.

मोजाम्बिक के गृहमंत्री पास्कोल रोंडा मंगल के देर रात मापुटो में एगो संवाददाता सम्मेलन में बतवले कि एक दिन पहिले अदालत के एलान के बाद हिंसा आ लूटपाट शुरू भइल. उs कहले कि चैपो के नजदीकी प्रतिद्वंदी अवुरी हारल उम्मीदवार वेनांसियो मोंडलेन के युवा समर्थक एs हिंसा के नेतृत्व कईले।  एह चुनाव में चैपो के 65 फीसदी वोट मिलल जबकि मोंडलेन के महज 24 फीसदी वोट मिल सकेला.  रोंडा के कहल बा कि, प्रारंभिक सर्वेक्षण से पाता चलल बा कि पछिला 24 घंटा में पूरा देश में 236 हिंसा के घटना दर्ज भईल बा।

भीड़ 86 कैदी के जेल से मुक्त कs देलस

उs बतवले कि 13 नागरिक अवुरी 12 पुलिसकर्मी घाही हो गईले।  रोंडा बतवले कि पुलिस के दु गाड़ी समेत कुल 25 गाड़ी में आग लगा दिहल गईल। उs बतवले कि 11 पुलिस चौकी अवुरी एगो जेल पs हमला कs तोड़फोड़ भईल अवुरी 86 कैदी के रिहा कs दिहल गईल।  मोंडलेन बियफे से शुरू होखे वाला बंद’ के आह्वान कइले बाड़न बाकिर देश में हिंसा पहिलहीं से बढ़ गइल बा आ मंगल के रात राजधानी में हालात तनावपूर्ण रहल.  देश के चुनाव निकाय के प्रारंभिक नतीजा के एलान कइला के बाद से चुनाव के बाद भइल हिंसा में मरे वालन के गिनिती डेढ़ सौ पार हो गइल बा.
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]