[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली यूनिवर्सिटी के कैंटीन में लागल भयानक आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली विश्वविद्यालय के कैंटीन में आग लागले के खबर दिल दहला देवे वाला बा. अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक दिल्ली विश्वविद्यालय के मुख्य परिसर ग्वायरे हॉल में शुक के एगो कैंटीन में आग लाग गईल।  एह घटना के जानकारी दिल्ली फायर ब्रिगेड के ओर से दिहल गईल बा।  दिल्ली फायर ब्रिगेड के कहनाम बा कि दिल्ली विश्वविद्यालय के कैंटीन में आग लागे के जानकारी मिलला के बाद 4 फायर टेंडर मौका पs भेजल गईल.

कवनो चोट भा जानमाल के नुकसान के खबर नइखे
दिल्ली विश्वविद्यालय के कैंटीन में आग लगला के जानकारी दिल्ली फायर ब्रिगेड के मिलला के बाद मौका पs चार फायर टेंडर भेजल गईल अवुरी आग पs काबू पा लिहल गईल।  दिल्ली फायर ब्रिगेड के ओर से जानकारी दिहल गईल बा – “चार फायर टेंडर मौका पs पहुंचल अवुरी आग पs काबू पा लिहल गईल। कवनो प्रकार के चोट चाहे हताहत के कवनो खबर नईखे।”

आग लागे के वीडियो सामने आइल बा

दिल्ली फायर ब्रिगेड के मुताबिक दिल्ली विश्वविद्यालय के मुख्य परिसर ग्वायरे हॉल के कैंटीन में आग के खबर सुबह 10.55 बजे मिलल।  विश्वविद्यालय के कैंटीन में आग लागे के वीडियो भी सामने आइल बा। कैंटीन में आग लागे के भयानक नजारा वीडियो में देखाई देता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]