[the_ad_group id="30365"]

कानपुर में पिटबुल नस्ल के कुत्ता गाय पर कइले रहे हमला, नगर निगम कब्जा में ले के मालिक पर लगवलस जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरसैया घाट में गाय पर हमला करे वाले विदेशी नस्ल के खूंखार पिटबुल कुत्ता को नगर निगम कब्जा में ले लिहलें बा। फूलबाग स्थित कुत्ता के बांधे खातिर बनल अस्पताल में रखल गइल बा। सथही कुत्ता के मालिक पs पांच हजार रुपया के जुर्माना लगावल गइल बा।

सरसैया घाट के लग्गे रहे वाले सुमित मिश्रा के घर के पिटबुल नस्ल के कुत्ता बियफ़े के गाइ के जबड़ा पकड़ लिहले रहे। लोग डंडा अउरी सरिया से कुत्ता के पीटल लेकिन, उ गाय के नाइ छोड़लस। आखिरकार, गाय के नदी में पानी ओर ढ़केलल गइल, त कुत्ता से गाय के पीछा छूटल।

मामला के वीडियो प्रचलित भइल त पुलिस अउर नगर निगम के टीम मौका पs पहुंचल। कैटल कैचिंग दस्ता पिटबुल के पकड़ के हिरासत में ले लिहल बा। नगर निगम के मुख्य पशु चिकित्साधिकारी डा. आरके निरंजन बतवलें कि पिटबुल के मालिक सुमित मिश्रा पs पांच हजार रुपया के जुर्माना लगावल गइल बा।

कुत्ता के गतिविधियन पर नजर रखल जाई। कुत्ता तब्बे मालिक के दिहल जाई जब ओकर रजिस्ट्रेशन, लाइसेंस अउरी वैक्सीनेशन प्रक्रिया पूरा हो जाई। कुत्ते के रखले अउर टहलले के व्यवस्था के भी जांच कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]