[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में भइल हादसा: खपरा के जर्जर मकान गिरल, एक आदमी के मौत, चार लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में एगो दिल दहलावे वाला घटना सामने आइल बा। इहां कोतवाली थानाक्षेत्र के जगन्नाथपुर मोहल्ला में शनिवार भोर में जर्जर खपरैल के घर गिर गया। अंदर सूतल राजा बाबू (22) के दबकर मौत हो गइल, जबकि चार लोग घायल हो गइलें। सब के इलाज जिला अस्पताल में चल रहल बा।

 

जानकारी के मुताबिक, जगन्नाथपुर में दुर्गा पार्क के बगल में खपरैल के मकान बा। रजत उर्फ राजा बाबू अपने परिवार के संगे मकान में रहत रहने शुक्रवार रात के परिवार वाले दुर्गा पार्क में चलत कथा में भाग ले के रात में खाना खा के सूते चल गइलें। एही बीच बिहाने अचानक साढ़े तीन बजे खपरैल के जर्जर हिस्सा गिर गइल।

अंदर रजत के संगे भाई रानू अउर बाकी लोग सूतल रहने। परिवार वाले बतवलें कि लकड़ी के भारी हिस्सा सीधे रजत के गर्दन पर आ गिरल, एसे उनकर मौके पर ही मौत हो गइल। जबकि, भाई रानू सुरक्षित बचल रहलें।

दूसरा तरफ से रहल रागिनी (17) पुत्री जितेंद्र गौड़, अनुराधा (24) पत्नी सत्यनारायण, रामदुलारे (65) पुत्र गंगा घायल हो गइलें। परिवार अउर मोहल्ले वालन के मदद से उन के जिला अस्पताल में भर्ती करवावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]