[the_ad_group id="30365"]

मशरक में तेज रफ्तार बाइक साइकिल सवार के मरलस टक्कर, 2 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा (सारण)। धर्मेंद्र कुमार सिंह :- मशरक थाना क्षेत्र के चालीस आरडी नहर पs बाइक सवार आ साइकिल सवार के आमने-सामने के टक्कर हो गइल। जेमे दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। घायलन में एक के हालात गम्भीर बतावल जा रहल बा। घायलन के पहचान बाइक सवार सिउरी गांव निवासी दीपन महतो के 40 बरिस के लईका सुभाष महतो आ साइकिल सवार पदुमपुर गांव के रहनिहार रामजीत मांझी ले 30 बरिस के लईका कन्हाई मांझी के रूप में भइल बा। जेम से एगो घायल के स्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा। माथा में चोट लगला के कारण स्थिति नाजुक बनल बा।

दुनो घायल मशरख थाना पुलिस गश्ती दल के द्वारा इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गइल लो। जहां घायलन के गंभीर हालत देख प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल। ड्यूटी पs तैनात चिकित्सक डॉ एस के विधार्थी बतवले कि घायल के गंभीर हालत देखत प्राथमिक उपचार के बाद सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल।

मौका पs गश्ती दल में दारोगा राजेश रंजन बतवले कि ऊ दल बल के संगे गश्ती पs चालीस आरडी बाजार पs रहस, तबे सुचना मिली कि बाइक सवार आ साइकिल सवार के जोरदार टक्कर भइल बा। मौका पs पहुंच के दूनो घायलन के एम्बुलेंस से सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गइल आ परिजनन के घटना के सूचना दिहल गइल गई। घटना के सूचना मिलला पs मौका पs पहुंचल परिजन लोग दुनो घायलन के सदर अस्पताल छपरा ले गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]