[the_ad_group id="30365"]

फोन पे कs सकsता जस्टमनी के अधिग्रहण, 200 से 300 मिलियन डॉलर में हो सकsता डील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डिजिटल भुगतान अउर वित्तीय सेवा प्रदाता कंपनी फोनपे बाय-नाउ-पे-लेटर (बीएनपीएल) कंपनी अउर फिनटेक स्टार्टअप जेस्टमनी के अधिग्रहण करे खातिर बातचीत कs रहल बा, मीडिया रिपोर्ट्स इस मामिला के जानकारी रखे वाले दू लोग एकर पुष्टि कइले बा।

एगो अन्य व्यक्ति कहनें कि सौदा करीब 200 मिलियन डॉलर से 300 मिलियन डॉलर के बीच के वैल्यूशन पर हो सकsता। एकर मसौदा तैयार कइल जा रहल बा अउर आवे वाले दू से तीन हफ्ता में एके अंतिम रूप दिहल जा सकsता।

बता देईं कि 2015 में स्थापित कंपनी जेस्टमनी अब ले पेयू, जिप, रिबिट कैपिटल, क्वोना कैपिटल, श्याओमी, ओमिडयार नेटवर्क, गोल्डमैन सैक्स सहित प्रमुख निवेशक से लगभग 140 मिलियन डॉलर जुटा चुकल बा। वित्त वर्ष 2022 के दौरान जेस्टमनी के राजस्व वित्त वर्ष 2021 के ₹89 करोड़ के तुलना में बढ़ के ₹145 करोड़ रुपया हो गइल बा। उहवें कंपनी के घाटा भी एक साल पहिले के ₹125.8 करोड़ से बढ़ के ₹398.8 करोड़ हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]