[the_ad_group id="30365"]

Twitter Blue: दु दिसंबर के री-लॉन्च होई सर्विस, अब तीन अलग-अगल रंगन में होई टिक मार्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एलन मस्क Twitter Blue सर्विस के री-लॉन्चिंग के ऐलान कs देले बाड़ें। Twitter Blue के दु दिसंबर के फेर से लॉन्च कइल जाई। Twitter Blue एगो प्रीमियम सब्सक्रिप्शन आधारित सर्विस हs। Twitter Blue के री-लॉन्चिंग के संगही अब ट्विटर के टिक (चेक मार्क) के रंगो अलग-अलग होई।

ट्विटर पs गोल्ड चेक मार्क कंपनी खातिर, ग्रे सरकार खातिर आ ब्लू टिक आम आदमी खातिर होई। एकरा अलावे सब वेरिफाइड अकाउंट के फेर से वेरिफिकेशन होई। एकरा पहले ट्विटर पs ब्लू टिक राजनेता, मशहूर हस्तियन, पत्रकार आ सेलेब्रिटी खातिर होत रहे। एलन मस्क Twitter Blue के री-लॉन्चिंग में देरी के लेके माफियो मंगले बाड़ेंं।

ट्विटर ब्लू खातिर देवे के होई पईसा 

Twitter Blue खातिर यूजर्स के पईसा देवे के होई। कहल जा रहल बा कि भारत में Twitter Blue के कीमत 720 रुपिया होई, हालांकि अमेरिका आ आउर देसन में एकर कीमत 8 डॉलर बतावल जा रहल बा। नया सर्विस के अलावे वर्चुअल जेलो पs काम चल रहल बा। कहल जा रहल बा कि नया अपडेट के बाद पॉलिसी उल्लंघन होखला पs यूजर्स के अकाउंट वर्चुअल जेल के सजा होई आ अकाउंट के साथे इहो बतावल जाई कि बैन कब हटी।

बैन अकाउंट होई बहाल

एलन मस्क कहलें कि ऊ पूर्व अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ट्विटर हैंडल के बहाल कइला के बाद आउर निलंबित खातन खातिर ‘सामान्य माफी’ सुरू करिहें। मस्क ट्विटर पs लिखलें, “जनता अपनी राय दे देले बिया। माफी अगिला हफ्ता से सुरू हो रहल बा। वोक्स पॉपुली, वोक्स देई।” वोक्स पॉपुली, वोक्स देई एगो लैटिन मुहावरा हs जवना के अर्थ हs “जनता के आवाज, ईश्वर के आवाज हs।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]