Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एपल के सबसे बड़ प्लांट में बीस हजार नया नियुक्त कर्मी लोग कइल काम बंद, उत्पादन प्रभावित

436

चीन में एपल के प्लांट में करीब 20 हजार नवनियुक्त कर्मी लोग काम बंद कs दिहल गइल बा। एसे प्रतिष्ठित ब्रांड एपल के उत्पाद के प्रोडक्शन प्रभावित होखे लागल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार जौन 20 हजार लोग काम बंद करत कंपनी छोड़ दिहले रहे, ओमें अधिक नयका बहाल कइल गइल कर्मी बानें अउर उ अब प्रोडक्शन लाइन पर काम नाइ क रहल बानें।

चीन के झेंझाऊ में एपल के सप्लायर फॉक्सकॉन के प्लांट में कार्यरत एक सूत्र मीडिया के एह बात के जानकारी दिहले बानें। एह मामिला के जानकारी रखे वाला एगो आदमी बतवले बानें कि एह कर्मियन के काम बंद कइले से एपल प्लांट में उत्पादन लक्ष्य के हासिल करे के प्रक्रिया के झटका लागल बा। कंपनी नवंबर महीना के तहत अपने फुल प्रोडक्शन के रिज्यूम करे के लक्ष्य रखल गइल बा, लेकिन कामगारन के नाराजगी के कारण दुनिया के सबसे बड़ आईफोन फैक्टरी में उत्पादन प्रभावित भइल बा।

बता देईं कि एक दिन पहिलही चीन स्थित दुनिया के सबसे बड़ एपल आईफोन फैक्ट्री (Apple iPhone factory) में कोरोना तालाबंदी अउर वेतन विवाद के ले के कर्मचारियन के उग्र विरोध प्रदर्शन के खबर आइल रहे। एके ले के कई वीडियो सोशल मीडिया में वायरल हो रहल बा। सुरक्षाबल के साथ संघर्ष में कई श्रमिक के घायल होखले के बात कहल जा रहल बा।

बतावल गइल बा कि सैकड़ों कर्मचारियन के फैक्ट्री के सुरक्षा कर्मियन के संगे संघर्ष भइल। कोरोना के चलते करीब एक महीना से फैक्ट्री में कठोर पाबंदियन अउर वेतन के ले के विवाद के चलते श्रमिकन के भड़क उठले के खबर बा। चीन के झेंगझोऊ स्थित एपल संयंत्र में अक्तूबर से तनाव देखल जा रहल बा। कोरोना पाबंदियन के चलते तालाबंदी शुरू होखले से श्रमिकन में असंतोष बढ़त जात रहल आईफोन सिटी में 2,00,000 से अधिक श्रमिकन में से कई जनी के आइसोलेट कइल जा चुकल रहल। उनके भोजन अउर दवाई के मुश्किल होत रहे।

391590cookie-checkएपल के सबसे बड़ प्लांट में बीस हजार नया नियुक्त कर्मी लोग कइल काम बंद, उत्पादन प्रभावित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.