[the_ad_group id="30365"]

UN सुरक्षा परिषद में भारत के मिल सकत बा स्थायी सदस्यता, ब्रिटेन के बाद अब फ्रांस देलस समर्थन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुक के संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के सामने फ्रांस भारत समेत जर्मनी, ब्राजील आ जापान के सुरक्षा परिषद में स्थायी सदस्य बनावे के प्रस्ताव के समर्थन कइले बा।

फ्रांस के ओर से प्रतिनिधि संयुक्त राष्ट्र देसन के बतवलें कि संघ में आउर नाया ताकतन के समाहित करे के चाहीं जवन कि सक्षम बा आ जिम्मेदारी के समझतो बा। फ्रांस के ओर से यूएन में परमानमेंट प्रतिनिधित्व क रहल नथालिए ब्रोडहर्स्ट कहलें, ‘फ्रांस के इस्थिति बहुत स्थायी आ मजबूत बा, हम काउंसिल में नया विश्व के आउर प्रतिनिधियन के जोड़नल चाहत बा। ई संगठन के अथॉरिटी आ प्रभाव के आउर बल दी।’

ऊ यूएन जनरल एसेंबली फ्लेनरी मीटिंग जवना के विषय ‘सुरक्षा परिषद के सदस्यता में समान प्रतिनिधित्व आ बढ़न्ती आउर सुरक्षा परिषद से संबंधित आउर ममिमलन’ के संबोधित करत रहलें। ऊ कहलें, ‘हमनी के ओह लोग प जरूर धेयान देवे के चाहीं जवन कि नया ताकत के रूप में उभर रहल बा आ काउंसिल के सदस्य बने आ जिम्मेदारी उठावे खातिर तइयार बा।’ ऊ आगे कहलें कि काउंसिल के सदस्यन के संख्या बढ़के 25 तक इल जा सकत बा। ऊ कहलें, ‘भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान के स्थायी सदस्यता के फ्रांस पूरा तरे से समर्थन देत बा।’ ऊ एह दौरान अफ्रीकन देशन के आउर आगे आवे आ जिम्मेदारी के उठाने के अह्वान कइलें।

ब्रिटेनो देलस साथ

ब्रिटेन विस्तारित संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में भारत, जर्मनी, जापान आ ब्राजील के स्थायी सदस्य बनवल जाये के समर्थन कइले बा। ब्रिटिश राजदूत बारबरा वुडवर्ड सुरक्षा परिषद सुधार प महासभा में चरचा के दौरान कहलें कि ब्रिटेन लमहर समय से स्थायी आ गैर-स्थायी दुनो श्रेणियन में सुरक्षा परिषद के विस्तार प जोर देत रहल बा।

ऊ कहलें, ‘हमनी के रुख सर्वविदित बा। ब्रिटेन लमहर समय से स्थायी आ अस्थायी दुनो श्रेणियन में सुरक्षा परिषद के विस्तार प जोर देत रहल बा… हमनी के भारत, जर्मनी, जापान आ ब्राजील खातिर नया स्थायी सीट के सृजन के संगही परिषद में स्थायी अफ्रीकी प्रतिनिधित्व के समर्थन करत बाड़े। हम अस्थायी श्रेणीयो के विस्तार के समर्थन करत बानी।’ वुडवर्ड कहलें कि एह परिवर्तनन के संगही परिषद मवजूदा विश्व के वृहद प्रतिनिधि होइहें। सुरक्षा परिषद के पांच स्थायी सदस्यन में से अमेरिका, ब्रिटेन, फ्रांस आ रूस निकाय में भारत के स्थायी सदस्यता के समर्थन कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]