[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर – कानपुर वालन के टिकट में 50 परसेंट छूट: 1000 के टिकट 500 रुपिया में खरीदी, काल लखनऊ-मुंबई के इकाना में ह मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउवा कानपुर आ गोरखपुर के निवासी बानी त टिकट पे 50% छूट मिली। लखनऊ सुपर जाइंट्स अपना आधिकारिक ट्विटर हैंडल के माध्यम से एकर घोषणा कईले बिया। टिकट पे पचास फीसदी छूट दिहल जाई।

गोरखपुर आ कानपुर में छूट देबे के पीछे प्रबंधक के मंशा सीएम योगी आदित्यनाथ आ बीसीसीआई के उपाध्यक्ष आ आईपीएल के अध्यक्ष राजीव शुक्ला के शांति देबे के बा। सीएम गोरखपुर से आवेले जबकि राजीव शुक्ला कानपुर से आवेले। अयीसना में प्रबंधक ए दुनो शहर के लोग खातीर सीधा 50 प्रतिशत छूट देवे के घोषणा कईले बाड़े। बता दीं, कल लखनऊ के एकना स्टेडियम में मुंबई से एलएसजी के मैच बा।

पिछला मैच इकाना में भइल

आईपीएल के 7 मैच इकाना में होखे वाला बा। एहमें छह गो मैच भइल बा. दू गो मैच स्थानीय टीम जीत चुकल बिया. एकरा अलावे उनुका 3 में हार मिलल बा. जबकि एक मैच के कवनो नतीजा नइखे. अइसना में अगर लखनऊ के टीम ई मैच जीत लेव. एहसे सेमीफाइनल में पहुंचल आसान हो जाई. बाकिर टीम हार गइल त बाहर निकले के खतरा हो जाई. अयीसना में अब 1000 रुपया के टिकट 500 रुपया में आई।

1000 के टिकट 500 में आई
ए दुनो शहर के लोग के 500 रुपिया में 1000 रुपिया के टिकट मिली। एकरा अलावे 2250 रुपिया के टिकट 1125 रुपिया, 6000 रुपिया के टिकट 3000 रुपिया, 7000 रुपिया के टिकट 3500 रुपिया, 9500 रुपिया के टिकट 4250 रुपिया, 15000 रुपिया के टिकट 7500 रुपिया, 18000 रुपिया के टिकट 9000 रुपिया उपलब्ध होई। इ छूट सिर्फ ए दुनो शहर के लोग खातीर बा।

साभार- दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]