[the_ad_group id="30365"]

6,4,6,6,6,6,6… एके ओवर में लुटइने 46 रन, ए गेंदबाज के एइसन लागल क्लास की जिनगी भर रही याद!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एक ओवर में 46 रन : इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल-2023) के 16वां सीजन भारत के अलग-अलग शहर में खेलल जा रहल बा। आईपीएल प्रशंसकन के पूरा तरह से छा गइल बा। मैच देखे खातीर स्टेडियम में हजारों लोग जुटल बाड़े। एही बीच एगो मैच में एगो अलगे रिकार्ड बन गइल। ई मैच आईपीएल के ना, बलुक खाली टी-20 फॉर्मेट के बा। एह दौरान एक ओवर में रन के भारी बरखा हो गइल। गेंदबाज अतना क्लास देखवले कि ओवर में कुल 46 रन दे दिहले। अब एकर वीडियो सोशल मीडिया पे काफी वायरल हो रहल बा।

ओवर में 46 रन देबे वाला गेंदबाज के नाम हरमन ह। ई वीडियो फैनकोड नाम के ट्विटर हैंडल से पोस्ट कइल गइल बा। वीडियो में देखल जा सकेला कि हरमन ओवर के शुरुआत नो बॉल से कइले जवना के छक्का मारल। अगिला गेंद बाय रहे जवना पे चार रन बनल। एकरा बाद हरमन के गेंद लगातार 5 छक्का मरले।

ओवर में 46 रन दे दिहले

एगो टी-20 मैच के वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल हो रहल बा। वीडियो में दावा कईल जाता कि एक ओवर में 46 रन बनल। बुध के दिने सोशल मीडिया पे एगो वीडियो डालल गइल जवना में देखल जा सकेला कि एक ओवर का भीतर 46 रन बन गइल। हालांकि ई वीडियो कब के ह आ केतना सही बा एकर पुष्टि ना हो सकल। एह टूर्नामेंट के नाम केसीसी फ्रेंडली मोबाइल टी-20 चैंपियंस ट्रॉफी-2023 के रूप में बतावल जा रहल बा।

 

 

 

 

 

 

TAGS:, ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]