[the_ad_group id="30365"]

गड़ौना बरहज के एक तरफा मुकाबला में हरा के सेमीफाइनल में पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के पिपरा भुल्ली में जय मां परमेश्वरी स्पोर्टिंग क्लब के तरफ से क्षेत्रीय क्रिकेट मैच के आयोजन कइल जा रहल बा। जवना के आयोजक सुमित मिश्रा आ सोनू यादव बा लो। मैच के कमेंटेटर शिवम पाण्डेय आ करुणानिधि मिश्रा रहे लो।

मुख्य अतिथि श्री आनंद मेमोरियल कॉलेज के प्रबंधक प्रतिनिधि जयेंद्र चौधरी उर्फ सनी आ विशिष्ठ अतिथि कमलेश यादव रहलें।जयेन्द्र चौधरी फीता काटके मैच के सुभारंभ कइलें।

पिपरा भुल्ली में क्वॉटर फाइनल के अंतिम मैच बरहज आ गड़ौना के बीच खेलल गइल। जेमे टास जीतके बल्लेबाजी करत गड़ौना 10 ओवर में रोहित के 32 गेना में 81 रन आ धर्मेन्द्र के 17 गेना में 60 रन के मदद से 2 विकेट के नुकसान पs 190 रन के स्कोर खड़ा कइलस। लक्ष्य के पीछा करे उतरल बरहज के टीम 8वां ओवर में 45 रन आल आउट हो गइल। एह तरे गड़ौना बरहज के हराके सेमीफाइनल में पहुंच गइल। जयेंद्र चौधरी कहलें कि ग्रामीण क्षेत्रन के खिलाड़ियन में अद्भुत प्रतिभा बा। जवना दम पs ई खिलाड़ी आईपीएल आ अंतर्राष्ट्रीय खेली लो आ क्षेत्र के नाम रोशन करी लो।

मैच में रितेश जायसवाल,कमलेश यादव, मोलायम यादव, उमेश यादव, रणविजय कुमार , राहुल मल्ल अनिल यादव , अरुण यादव, सनी यादव, राहुल यादव,सुनील यादव आदि लोग खेलाडियन के उत्साहवर्धन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]