[the_ad_group id="30365"]

छपरा में धूप के बावजूद तापमान 6 डिग्री पहुंचल: दिन में घाम आ सांझ में गलन वाला ठंडी से लोग परेसान, लईकन आ बुजुर्ग लोग खातिर खतरनाक मौसम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में सर्दी के सितम कम होखे के नाम नइखे ले रहल। पिछिला 2 दिन से छपरा जिला में दोहरा चरित्र के मौसम देखे के मिल रहल बा। दुपहरिया में घाम के साथे सबेरे आ सांझ बर्फीली सर्द हवा के बीच गलन वाला ठंड महसूस हो रहल बा। हिमालय में बर्फबारी के चलते गंगा के मैदानी क्षेत्रन में एकर असर देखे के मिल रहल बा।

मंगर के सबेरे के न्यूनतम तापमान 6 डिग्री दर्ज कइल गइल बा। गिरत तापमान के बीच जिला में कोल्ड डे के इस्थिति उत्पन्न हो गइल बा। दोहरा चरित्र के तापमान के बीच आम लोगन के सेहत पs प्रतिकूल असर देखे के मिल रहल बा। ठंडा के असर के चलते लोग सांझ के जल्दिये लोग अपना घरन में दुबक जा रहल बा। ओहिजा सबेरे देर तक सड़कन पs बिरानगी देखे के मिल रहल बा।

दोरस मौसम स्वास्थ खातिर खतरनाक, बुजुर्ग आ लईकन के बचे के सलाह

जिला में मौसम के दु गो स्वरूप देखे के मिल रहल बा। दुपहरिया में तापमान के बढ़नती के संगही सांझ होखते गलन वाला ठंडा के चलते लोगन के स्वास्थ पs बन आ रहल बा। पिछिला दु दिन में लोगन के तबीयत खराब होखला के समस्या में बढ़न्ती भइल बा। सदर अस्पताल से लेके निजी अस्पताल तक बुजुर्ग आ लईकन के तबीयत ख़राब होखला के समस्या जादे हो रहल बा। स्वास्थ संबंधित जानकारी देत डॉक्टर सुनील बतवलें कि अचानक से बढ़त घटत ठंडा के बीच कम इम्युनिटी वाला व्यक्ति पs प्रतिकूल असर पड़ी। बुजुर्ग आ लईकन के इम्यून सिस्टम जवान लोगन के तुलना में कम होत बा। एहिसे एह दु वर्ग के लोगन के तबियत जादे खराब होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]