[the_ad_group id="30365"]

Trains Delayed: कोहरा के चपेट में रेलवे, घंटन देरी से चल रहल बा कइयन गो ट्रेन; देखीं लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर भारत में जारी शीतलहर के असर ट्रेनन पs देखे के मिल रहल बा। कोहरा के कारण कइयन गो ट्रेनन के रद्द कs दिहल गइल बा। ओहिजा कइयन गो ट्रेन बहुते देरी से चल रहल बा। खासकर उत्तर भारत के ट्रेन तय समय से बहुते देरी से चल रहल बाड़ी सs। भारतीय रेलवे बुध के सबेरे बतवलस कि कोहरा के कारण उत्तर रेलवे क्षेत्र में छव गो ट्रेन तय समय से देरी से चल रहल बाड़ी सs।

कइयन घंटा के देरी से चल रहल बाड़ी सs ट्रेन

जानकारी के मोताबिक, कोहरा के कारण ट्रेन तय समय से एक घंटा से लेकर चार घंटा तक के देरी से चल रहल बाड़ी सs। एमे अधिकतर उत्तर भारत के ट्रेनें सामिल बाड़ी सs।

मंगर के कइयन गो ट्रेन भइल रहे कैंसिल

बता दीं कि ए घरी उत्तर भारत में कड़ाका के ठंडा पड़ रहल बा। एकरा संगे कइयन ईलाकन में कोहरा आ धुंघ छाइल रहत बा, जवना के असर रेलवे के सेवा पs देखल जा रहल बा। मंगर के रेलवे 361 ट्रेन रद्द कइले रहे, जेमे से 320 ट्रेनन के पूरा तरे से निरस्त कs दिहल गइल रहे, जबकि 41 ट्रेनन के आंशिक रूप से निरस्त कइल गइल रहे।

कोहरा के कारण कइयन गो ट्रेनन के कइल गइल रहे रीशेड्यूल

एकरा अलावे 16 ट्रेनन के रीशेड्यूल आ सात ट्रेनन के डायवर्ट कइल गइल रहे। रद्द, रीशेड्यूल आ डायवर्ट कइल ट्रेनन में पश्चिम बंगाल, उत्तर प्रदेश, पंजाब, झारखंड, बिहार, दिल्ली, हरियाणा, महाराष्ट्र आ आउर राज्यन से चले वाला गाड़ियन के नाम रहे। पिछला कुछ दिनन से लगातार कइयन गो ट्रेन रद्द हो रहल बाड़ी सs भा बहुते देरी से चल रहल बाड़ी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]