Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Weather: प्रदेश में 20 से 24 जनवरी के बीच बूंदाबांदी-बरखा के आसार, शीतलहर के चेतावनी

कोहरा के चलते विमानन आ ट्रेनन के संचालन सोमारो के गड़बड़ाइल, जवना से पैसेंजरन के असुविधन के सामना करे के पड़ल। सऊदिया एयरलाइन के जेद्दा से लखनऊ आवे वाली उड़ान एसवी890 निरस्त कs दिहल गइल।

499

उत्तर प्रदेश में मौसम 20 जनवरी से नया तेवर दिखा सकत बा। मौसम विशेषज्ञ एचआर रंजन के मोताबिक, प्रदेश में 20 से 24 जनवरी के बीच कहीं-कहीं बरखा के आसार बा। ई बरखा बहुते धीरे होई भा कुछ जगहन पs बूंदाबांदी हो सकत बा। एह दौरान कोहरा जरूर बढ़ सकत बा, बाकिर ठंडा बहुत जादे ना सताई।

दूसरका ओर, सोमार के कानपुर में न्यूनतम तापमान 2.6 डिग्री दर्ज भइल। एकरा अलावे 13 जिलन में न्यूनतम पारा पांच डिग्री से नीचे रहल। जवना शहरन में पारा पांच डिग्री से नीचे रहल, ओमे फतेहपुर, सुल्तानपुर, अयोध्या, फुरसतगंज, झांसी, उरई, बरेली, शाहजहांपुर, मुजफ्फरनगर, मेरठ, आगरा आउर अलीगढ़ सामिल बा। प्रदेश के शहरन में जहां न्यूनतम पारा गिरल बा, ओहिजा धूप खिलला से दिन के अधिकतम पारा में तनिका बढ़त देखल जा रहल बा। कइयन जगह ई 16 डिग्री से 20 डिग्री सेल्सियस के बीच दर्ज भइल। मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक बुध से पारा धीरे-धीरे फेर चढ़ी। कुछ इलाकन में मंगरो के शीतलहर चलला के चेतावनी जारी कइल गइल बा।

पौने तेरह घंटा लेट चारबाग पहुंचल जयनगर अमृतसर स्पेशल

कोहरा के चलते विमानन आ ट्रेनन के संचालन सोमारो के गड़बड़ाइल, जवना से पैसेंजरन के असुविधन के सामना करे के पड़ल। सऊदिया एयरलाइन के जेद्दा से लखनऊ आवे वाली उड़ान एसवी890 निरस्त कs दिहल गइल। ओहिजा रियाद से लखनऊ आवे वाली फ्लाईनस के उड़ान संख्या एक्सवाइ-333 तीन घंटा देरी से पहुंचल।

बेंगलुरु से लखनऊ आवे वाली उड़ान सवा दु घंटा, गोएयर के मुम्बई से लखनऊ के फ्लाइट जी8-397 मुंबई लखनऊ सवा दु घंटा, गोएयर के लखनऊ से मुम्बई जाये वाली जी8-396 डेढ़ घंटा, लखनऊ से मुम्बई जाये वाली गोएयर के जी8-307 एक घंटा, मुम्बई से लखनऊ आवे वाली गोएयर के जी8-306 डेढ़ घंटा, इंडिगो के लखनऊ से चंडीगढ़ जाये वाली 6ई-6552 सवा घंटा, लखनऊ से बेंगलुरु जाये वाली एक घंटा आउर बेंगलुरु से लखनऊ आवे वाली उड़ान एक घंटा लेट रहल।

एही क्रम में गुवाहाटी से लखनऊ आवे वाली इंडिगो के 6ई-6552 साठ मिनट आ लखनऊ से गुवाहाटी जाये वाली 6ई-146 पचास मिनट लेट रहल। एही क्रम में ट्रेनन के लेटलतीफी में 04651 जयनगर अमृतसर स्पेशल पौने तेरह घंटे के देरी से लखनऊ पहुंचल। 14649 सरयू यमुना एक्सप्रेस 10 घंटा, मुजफ्फरपुर सूरत एक्सप्रेस सात घंटा, डॉ. अंबेडकर नगर कामाख्या एक्सप्रेस सवा नौ घंटा, कोटा पटना एक्सप्रेस पांच घंटा, चंडीगढ़ लखनऊ सुपरफास्टए एसी एक्सप्रेस, अरुणाचल एक्सप्रेस तीन-तीन घंटा लेट रहल।

साभार: अमर उजाला

439740cookie-checkUP Weather: प्रदेश में 20 से 24 जनवरी के बीच बूंदाबांदी-बरखा के आसार, शीतलहर के चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.