[the_ad_group id="30365"]

एक रुपया में मरीजन के होई डायलिसिस, सीएम योगी के हाथों हो सकsता यूनिट के उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के ग्रामीण इलाका में किडनी के बीमारी से जूझ रहल मरीजन खातिर राहत भरल खबर बा। गोला ब्लॉक के भरौली गांव में बांबे इंटलीजेंस सिक्योरिटी (बीआईएस) 10 बेड के डायलिसिय यूनिट तैयार कइले बानें। एहमें कौनो मरीज एक रुपया खर्च कs के एकर लाभ उठा सकेने।

निम्मन बात ई बा कि किट से ले के दवाई तक के खर्च कंपनी ही करी। उम्मीद जतावल जा रहल बा कि एक जनवरी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हाथों एह यूनिट के उद्घाटन हो सकsता।

बीआईएस के महाप्रबधंक मनोज सिंह बतवलें कि डायलिसिस यूनिट के लिए निजी डॉक्टर किडनी रोग विशेषज्ञ डॉ. आनंद बंका सहयोग करिहें। इनके अलावा एगो स्थानीय डॉक्टर भी रहिहें। यूनिट खातिर स्टाफ नर्स, वार्ड ब्वाय सहित अन्य कर्मियन के तैनाती कs दीहल गइल बा। बतवलें कि डायलिसिस यूनिटस संस्थान के संस्थापक आरएन सिंह के स्मृति में तैयार कइल गइल।

डायलिसिस खातिर कौनो मनई आ सकsता। पहिले आवे वाले लोगन के मौका दिहल जाई। बेड फुल होखले के बाद मरीजन को बाद में बुलावल जाई। बतवलें कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से यूनिट के उद्घाटन खातिर समय मांगल गइल बा। उम्मीद बा कि एक जनवरी के समय मिल सकsता। एकरे खातिर मुख्यमंत्री कार्यालय से संपर्क भी कइल गइल बा।

बता देईं कि डायलिसिस खातिर बीआरडी अउर जिला अस्पताल में लमहर वेटिंग बा। इहां 10-10 बेड डायलिसिस यूनिट बा, जहवाँ पर 15 से 20 मरीजन के वेटिंग चलता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]