[the_ad_group id="30365"]

दर्शक लोग के भीड़ बढ़वलस रामगढ़ताल के खूबसूरती, लोग ले रहल बान सेल्फी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) द्वारा करीब तीन करोड़ के लागत से रामगढ़ताल किनारे बनावल जा रहल पांच दर्शक दीर्घा (व्यूईंग डेक) में से दू बन के तैयार हो गइल बा। बाकी के निर्माण के काम भी आखिरी चरण में बा। जल्दिए इहो बन के तैयार हो जाई। दर्शक दीर्घा से रामगढ़ताल के रमणीयता अउर बढ़ गइल बा। लोग ठाढ़ हो के न खाली ताल के खूबसूरती के लुत्फ उठा रहल बानें बलुक सेल्फी भी खींच रहल बानें।

पैडलेगंज स्थित एसटीपी के पास से ले के नयका सवेरा के मुख्य द्वार ले पांच जगह पर दर्शक दीर्घा के निर्माण जीडीए एही साल जून में शुरू करवले रहे। प्राधिकरण के अधिकारियन के मुताबिक बारिश के वजह से काम तनी प्रभावित भइल वर्ना निर्माण कार्य अउर पहिले पूरा हो गइल होत। दर्शक दीर्घा के लंबाई छह मीटर अउर चौड़ाई 15 मीटर रखल गइल बा। एक संगे 21 लोग इहां ठाढ़ हो सकतनें।

उहवें ताल के किनारे पैदल चले वालन खातिर निर्माणाधीन फुटपाथ के काम भी आधा से बेसी पूरा हो गइल बा। चार फीट न्यूनतम चौड़ाई वाले एह फुटपाथ के सड़क से ऊंचाई छह इंच रखल गइल बा। फुटपाथ बनले से रेलिंग से सटा के गाड़ी ठाढ़ कइले के समस्या से निजात मिल जाई अउर सड़क पर चले वाले गाड़ियन से टहले वालन के खतरा भी नाइ रही।

जीडीए के प्रभारी मुख्य अभियंता किशन सिंह के कहनाम बा कि पांच में से दू दर्शक दीर्घा बन के तैयार हो गइल बा। तीन ठो के काम बाकी बा जौन 20 जनवरी ले पूरा कs लिहल जाई। एही तरे रेलिंग-फुटपाथ के काम भी करीब 90 फीसदी पूरा हो गइल बा। ई काम भी 20 जनवरी से पहिले पूरा कs लिहल जाई। दूनों परियोजना के फरवरी 2023 तक पूरा करे के लक्ष्य बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]