[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर मेडिकल कॉलेज में लागी नया ऑक्सीजन प्लांट, 10 हजार लीटर के होई क्षमता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी मेडिकल कॉलेज में एगो लिक्विड ऑक्सीजन प्लांट लगावल जाई। ई प्लांट 500 बेड बाल रोग चिकित्सा संस्थान परिसर में लगावल जाई। नयका ऑक्सीजन प्लांट के क्षमता 10 हजार लीटर के होई।

मेडिकल कॉलेज में ऑक्सीजन प्लांट के लगले से संस्थान में सब बेड पर ऑक्सीजन आपूर्ति हो सकी। संस्थान में पहिले से एगो ऑक्सीजन प्लांट लागल बा। एकर क्षमता 12 हजार लीटर के बा। एह प्लांट के जरिए 300 बेड पs ऑक्सीजन के आपूर्ति होला।

500 बेड के लग्गे स्थित सुपर स्पेशलिटी ब्लॉक में ऑक्सीजन प्लांट लागल बा। जेसे ब्लॉक के 200 बेड पs ऑक्सीजन के आपूर्ति होला।

प्राचार्य डॉ. गणेश कुमार बतवलें कि नयका प्लांट के लगले के बाद सब बेड पर ऑक्सीजन आपूर्ति शुरू हो जाई। कोविड के बाद बाल रोग संस्थान में ही बाल रोग विभाग के शिफ्ट कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]