[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर से खुले वाला पैसेंजर ट्रेन अब एक्सप्रेस में भइल तब्दील, जुड़ीं 12 गो नाया कोच, जानीं समूचा डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: इंडियन रेलवेज अपना यात्रियन के सुविधा के धेयान राखे के हर संभव प्रयास करेले। एही कड़ी में एन ई आर (नॉर्थ ईस्ट रेलवे) एगो नाया पहल के सुरुआत कइले बा, जवन गोरखपुर आ वाराणसी के बीच यात्रा करे वाला यात्रियन के धेयान के राखत कइल गइल बा। अब यात्रियन के बेहतर सुविधा मिल सकी उहो कम समय में यात्रा पूरा कइला के साथे। जानकारी मिलल बा कि पूर्वोत्तर रेलवे एगो आउर पैसेंजर ट्रेन के एक्सप्रेस में बदल देले बा। एह योजना से यात्रियन के बहुते राहत मिली।

कब होई एह योजना के सुरुआत

पैसेंजर से एक्सप्रेस बनल 15130/15129 नंबर के गोरखपुर- वाराणसी सिटी- गोरखपुर एक्सप्रेस के संचालन संशोधित ठहराव आ समय के अनुसार 25 जुलाई से सुरू हो जाई।

का आई बदलाव?

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के मोताबिक 15130 वाराणसी सिटी- गोरखपुर एक्सप्रेस 25 जुलाई से आ 15129 गोरखपुर- वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 27 जुलाई से चलावल जाई। ट्रेन में साधारण श्रेणी के 12 कोच लगावल जाई।

स्लीपर आ वातानुकूलित श्रेणी के कोच के कइल जाई शामिल

रेलवे के जानकारन के मानल जाव तs आवे आला दिनन में एह ट्रेन में स्लीपर आ वातानुकूलित कोच के शामिल कइल जाई। जदि बात किराया के करी तs ओमे कवनो बदलाव ना कइल जाई, इहां धेयान देवे आला बात ई बा कि कोविड-19 के बेरा से पैसेंजर ट्रेनन में एक्सप्रेस ट्रेनन के किराया लिहल जा रहल बा। गौर करे आला बात बा कि रेलवे बोर्ड के निरदेस पs पूर्वोत्तर रेलवे के 5 पैसेंजर ट्रेन अइसन बा, जवना के एक्सप्रेस ट्रेन बनाके संचालित करे के योजना बा।

का बा नया शेड्यूल के हिसाब से ट्रेनन के टाइमिंग

15130 वाराणसी सिटी- गोरखपुर एक्सप्रेस 25 जुलाई से अगिला सूचना तक वाराणसी सिटी से हरदिन सबेरे 11.10 बजे रवाना होई। ई ट्रेन सारनाथ, औड़िहार, सादात, जखनिया, दुल्लहपुर, मऊ, लार रोड, सलेमपुर, भटनी, देवरिया, चौरी चौरा होखत साम में 05.35 बजे गोरखपुर पहुंची।

15129 गोरखपुर- वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 27 जुलाई से अगिला सूचना तक गोरखपुर से हरदिन सबेरे 09.15 बजे रवाना होई। ई ट्रेन चौरी चौरा, गौरी बाजार, देवरिया सदर, भटनी, सलेमपुर, लार राेड, बेलथरा रोड, किड़िहरापुर, मऊ आ औड़िहार होखत दुपहर बाद 02.40 बजे वाराणसी सिटी पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]