[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पाकिस्तान से व्हाट्सऐप ग्रुप के माध्यम से बिहार में चलत रहे देश विरोधी मुहिम, फोन के ट्रैकिंग में मिलल अहम सुराग। पुलिस के गजवा ए-हिंद व्हाट्सएप ग्रुप के खंगरला पs जानकारी मिलल कि 2023 में पाकिस्तान, बांग्लादेश, यमन आ अरब देशन कट्टरपंथी जुटे वाला रहले।
  2. बिहार: बिहार में 20 जुलाई से निमन बारिश के उमेद, मॉनसून के लाइन उत्तर कावर खिसकल। आइएमडी के आधिकारिक जानकारी के मोताबिक बिहार में अब ले खाली 194.6 मिलीमीटर बारिश भइल बा, जवन कि सामान्य बारिश से 42 फीसदी कम बा।
  3. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी आज करिहें बुंदेलखंड एक्स्प्रेस-वे के उद्धघाटन, 296 किमी लमहर बा बुंदेलखंड एक्स्प्रेस वे, अपना निर्धारित समय से आठ महीना माने मात्र 28 महीना के भीतर पूरा भइल बा काम।
  4. उत्तर प्रदेश: लूलू मॉल में केहू पढ़े पहुंचल नमाज तs केहू सुंदरकांड, चार गिरफ्तार, हिंदू समाज पार्टी अध्यक्ष हाउस अरेस्ट। सुंदर कांड पढ़े पहुंचल तीन लोग हिन्दू समाज पार्टी के कार्यकर्ता, चउथा आरोपी नमाज पढ़े पहुंचल।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन के ताबड़तोड़ फसिला, झारखंड में 100 यूनिट बिजली फ्री, निजी क्षेत्र में 75% आरक्षण, झारखंड कैबिनेट से 55 प्रस्ताव पास।
  6. यासीन मलिक कइले रहे रुबैया सईद के अपहरण, कोर्ट में देली गवाही। जम्मू कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती के बहिन हई रुबैया सईद, पहिला बेर कोर्ट में भइल रहली पेश।
  7. भावी CJI सबेरे 9:30 बजे सुनवाई सुरु कइलें, कहले- बच्चा सब तs 7 बजे स्कूल जाला लो। देश के भावी चीफ जस्टिस उदय उमेश ललित नाया सुरुआत कइले, आमतौर पs 10:30 बजे सुरू होला सुनवाई।
  8. केरल देश के पहिला राज्य जेकरा लगे खुद के इंटरनेट, 20 लाख गरीब परिवारन के फ्री मिली। केरल फाइबर ऑप्टिक नेटवर्क (KFON) लिमिटेड के टेलीकॉम डिपार्टमेंट से इंटरनेट सर्विस प्रोवाइडर लाइसेंस मिल गइल बा।
  9. टॉप कॉलेज में IIT मद्रास पहिला नंबर पs, मेडिकल कॉलेज में एम्स दिल्ली आगे। यूनिवर्सिटी कैटेगरी में टॉप-3 में IISc बेंगलुरु, JNU आ जामिया शामिल बा।
  10. कोहली के सपोर्ट में पूर्व पाक कप्तान: राशिद लतीफ बोलले- विराट के बनावल जा रहल बा बलि के बकरा, अकेला उनका के जिम्मेदार नइखे ठहरावल जा सकत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]