Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टीम इंडिया के जीत के साथे कोहली सचिन-धोनी के छोड़ले पीछे, खास लिस्ट के टॉप-3 में बनवले जगह

भारत बनाम श्रीलंका : वनडे विश्व कप 2023 में भारतीय टीम श्रीलंका के खिलाफ मैच एकतरफा जीत के सेमीफाइनल में आपन जगहा के पुष्टि कईले बिया। साथही टीम के एह जीत के साथे विराट कोहली सचिन तेंदुलकर के एगो खास रिकार्ड बना के छोड़ दिहलन।

1,561

 

वनडे विश्व कप 2023 में अबले के सगरी मैचन में भारतीय टीम के बेहतरीन प्रदर्शन देखल गइल बा। अबहीं ले टीम इंडिया एह मेगा टूर्नामेंट में 7 गो मैच खेलले बिया आ सगरी मैच जीत के ऊ सेमीफाइनल में भी आपन जगहा पक्का कs लिहले बिया। मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में श्रीलंका के खिलाफ खेलल गइल मैच में भारतीय टीम 302 रन के भारी जीत हासिल कइलस। एह मैच में टीम के जीत के साथे विराट कोहली महान खिलाड़ी सचिन तेंदुलकर के छोड़ के एगो खास रिकार्ड बना लिहले बाड़न।

विराट जीतल मैच में सचिन के पीछे छोड़ले

श्रीलंका के खिलाफ टीम इंडिया के मैच में बल्लेबाजी, गेंदबाजी आ फील्डिंग समेत सगरी विभागन में एकतरफा प्रदर्शन देखल गइल।एह मैच में कोहली भले शतक ना कर पवले बाकिर उनुका बल्लेबाजी से 88 रन के शानदार पारी देखे के मिलल। एकरा संगे विराट कोहली अब अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में भारतीय टीम के जीतल मैच के हिस्सा बने के मामिला में पहिला स्थान पs पहुंच गईल बाड़े। एह मामिला में कोहली सचिन तेंदुलकर के पीछे छोड़ दिहले बाड़न जे 307 गो जीत के मैच में टीम के हिस्सा रहल बाड़न। जबकि कोहली अब 308 मैच में टीम के हिस्सा बनल बाड़े। महेन्द्र सिंह धोनी के भी 298 मैच में जीत के साथ एह सूची में शामिल बा जबकि रोहित शर्मा 289 मैच में जीत के हिस्सा बाड़े।

अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादा मैच में टीम के जीत के हिस्सा होखे के मामिला में ऑस्ट्रेलियाई कप्तान रहल रिकी पोंटिंग पहिला स्थान पs बाड़े, उ 377 मैच में टीम के जीत में शामिल बाड़े। एकरा अलावे श्रीलंका के कप्तान रहल महेला जयवर्धने 339 मैच में जीत हासिल कs के दुसरका जगहा पs बाड़े जबकि विराट कोहली अब 307 मैच में जीत हासिल कs के एह सूची में तिसरका जगहा पs चहुँप गइल बाड़न।

एह साल जमके बोलत बा कोहली के बल्ला

विराट कोहली के बल्लेबाज साल 2023 में अबले मजबूती से बोलत देखल गइल बा। एह साल वनडे में कोहली 65.88 के औसत से 1054 रन बनवले बाड़न। विश्व कप में भी अब कोहली 442 रन बना के सबसे जादा रन बनावे वाला बल्लेबाज के सूची में दूसरा स्थान पs पहुंच गईल बाड़े। टीम इंडिया के अगिला मैच 5 नवंबर के होखे वाला मेगा इवेंट में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ खेले के होई, जवन कि अबे ले ए टूर्नामेंट में भी बेहतरीन फॉर्म देख चुकल बा।

 

 

673630cookie-checkटीम इंडिया के जीत के साथे कोहली सचिन-धोनी के छोड़ले पीछे, खास लिस्ट के टॉप-3 में बनवले जगह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.