[the_ad_group id="30365"]

India vs England: लखनऊ के पिच का असर दिखाई, मउसम कइसन रही, दुनु टीम के रिकॉर्ड कइसन रहल बा, जानी सब कुछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत बनाम इंग्लैंड : विश्व कप (विश्व कप 2023) के 29वां मैच में आजु भारत के मुकाबला इंग्लैंड (IND vs ENG) से होखी। दुनो टीम के बीच इ मैच लखनऊ के इकाना स्टेडियम में होई। बता दीं कि अबले एह विश्वकप में भारतीय टीम एको मैच नइखे हारले जबकि इंग्लैंड महज एक मैच जीत पवले बा। इंग्लैंड खातिर ई मैच बहुते जरूरी होखे वाला बा। भारत के खिलाफ होखे वाला मैच इंग्लैंड खातिर डू आ डाई मैच होखी। अंक तालिका में इंग्लैंड 9वां स्थान पs बा जबकि भारतीय टीम दूसरा स्थान पs बा। भारतीय टीम एह मैच के जीत के आपन स्थिति अउरी मजबूत कइल चाहत बिया।

वनडे में दुनु टीम के बीच कुल 106 गो मैच भइल बा जवना में भारतीय टीम सगरी 57 गो मैच जीत चुकल बिया जबकि इंग्लैंड टीम 44 गो मैच जीते में सफल रहल बिया। 3 मैच में कवनो नतीजा नइखे मिलल। 2 गो मैच बराबर बा।

विश्व कप में भारत बनाम इंग्लैंड के बीच 8 गो मैच भइल बा जवना में भारत 4 गो मैच जीत चुकल बा जबकि इंग्लैंड 3 गो मैच जीते में सफल रहल बा। एगो मैच टाई हो गइल बा।

भारत आ इंग्लैंड के मैच लखनऊ के एकना स्टेडियम में होखे जा रहल बा। इकाना स्टेडियम के पिच गेंदबाजन के अधिका फायदा देला। एह मैदान पर कुल 12 गो वनडे मैच खेलल गइल बा जवना में सबसे पहिले बल्लेबाजी करे वाली टीम 3 गो मैच जीत चुकल बिया। पहिला गेंदबाजी करे वाली टीम 9 मैच जीत चुकल बिया। बता दीं कि स्पिनर लोग भी एह मैदान पs आपन जादू देखावे में सफल रहल बा। अइसना में संभव बा कि एह मैच में अश्विन के भारतीय इलेवन में मौका मिल सके।

दुनु टीम के संभावित प्लेइंग-11

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), सूर्यकुमार यादव, रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन अश्विन/मोहम्मद सिराज, मोहम्मद शमी, जसप्रीत बुमराह, कुलदीप यादव।

इंग्लैंड: जॉनी बेयरस्टो, डेविड मलान, जो रूट, बेन स्टोक्स, जोस बटलर (कप्तान/विकेटकीपर), हैरी ब्रूक, मोईन अली, क्रिस वोक्स, डेविड विली, आदिल रशीद, मार्क वुड।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]