[the_ad_group id="30365"]

World Cup 2023 में भारत के लागल बड़ झटका, हार्दिक पांड्या पूरा टूर्नामेंट से बाहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विश्व कप 2023 में भारत के बड़हन झटका लागल बा। स्टार आलराउंडर हार्दिक पांड्या विश्व कप से बाहर बाड़न। विश्व कप में बांग्लादेश के खिलाफ भइल मैच में ऊ घायल हो गइल रहले। ओह मैच में भी ऊ महज तीन गो गेंद गेंदबाजी कइले रहले। एकरा बाद टीम इंडिया पिछला तीन मैच में उनुका बिना खेलले बिया। हार्दिक के टखना में चोट लागल रहे आ ऊ रिहैब खातिर बंगलौर के नेशनल क्रिकेट अकादमी में रहले।

टखना के चोट से उबर ना पावे के चलते बीसीसीआई आईसीसी के तकनीकी समिति से उनुका के बदले के मांग कईलस, जवना के मंजूरी मिल गईल बा। प्रसिद्ध कृष्णा के उनुका जगहा टीम में शामिल कइल गइल बा। हालांकि अब चिंता बा कि टीम में छठवाँ गेंदबाज के भूमिका के करी। हालांकि अबे तक टीम खातीर छठवाँ गेंदबाज के जरूरत नईखे, काहेंकी मोहम्मद शमी दमदार प्रदर्शन कईले बाड़े अवुरी पछिला तीन मैच में कुल 14 विकेट लेले बाड़े।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]