[the_ad_group id="30365"]

Parliament Special Session: कानून मंत्री लोकसभा में पेश कइले ‘नारी शक्ति वंदन बिल’, महिला लो के मिली 33 फीसदी आरक्षण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में मंगलवार के बहुत सांसद पुरान भवन से पैदल नयका संसद भवन तक पहुंचले। कुछ समय बाद संसद के नया भवन में लोकसभा के कार्यवाही शुरू हो गईल। प्रधानमंत्री मोदी के संगे रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह अवुरी भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष जेपी नड्डा रहले। उनुका पीछे NDA के सांसद भारत माता की जय अवुरी वंदे मातरम् जईसन नारा लगावत चलत रहले।

कानून मंत्री लोकसभा में ‘नारी शक्ति वंदन बिल’ पेश कईले

कानून मंत्री अर्जुन राम मेघवाल महिला आरक्षण विधेयक लोकसभा में पेश कइले बाड़न। एह विधेयक के नाम ‘नारी शक्ति वंदन अधिनियम’ राखल गइल बा। ए विधेयक के तहत लोकसभा अवुरी विधानसभा में महिला खातीर 33 प्रतिशत आरक्षण के प्रावधान बा।

‘नारी शक्ति वंदन बिल” पारित होखला के बाद लोकसभा के 181 सीट महिला खातीर आरक्षित होई। एकरा अलावे विधानसभा में 33 प्रतिशत सीट महिला खातीर भी आरक्षित होई।

लोकसभा के कार्यवाही 20 सितंबर ले स्थगित

लोकसभा के कार्यवाही स्पीकर ओम बिरला 20 सितंबर के सबेरे 11 बजे ले स्थगित कs दिहले बाड़न।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]