[the_ad_group id="30365"]

खुशखबरी! एह राज्य के सरकारी स्कूल के छात्रन के मेडिकल के पढ़ाई में मिली 5% रिजर्वेशन, मुख्यमंत्री कइले घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भोपाल : अक्सर देखल जाला कि विद्यार्थियन के शिकायत होला कि निजी स्कूल में पढ़े वाला लइका ही नीट परीक्षा में निकाल पवेळे आ सरकारी स्कूल के लइका ना कर पावत बाड़े भा एकरा में बहुत समय लागेला। बता दीं कि सीएम शिवराज एह तरह के छात्रन के एगो बड़हन तोहफा देले बाड़न।मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान सोमार के दिने एगो बड़हन एलान कइले बाड़न। उ कहले कि राज्य सरकार ए साल से सरकारी स्कूल के छात्र के मेडिकल स्टडीज में 5 प्रतिशत आरक्षण दिही। मुख्यमंत्री दावा कईले कि जब से मेडिकल कॉलेज में दाखिला राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा (NEET) के माध्यम से शुरू भईल बा, तब से सरकारी स्कूल के छात्र डॉक्टर ना बन पावत बाड़े।

रउरा 5% आरक्षण मिल जाई

सीएम शिवराज आगे कहले कि देश में पहिला बेर राज्य सरकार ए योजना के लागू करे के फैसला कईले बिया, जवना के तहत सरकारी स्कूल के छात्र के मेडिकल पढ़ाई में 5 प्रतिशत आरक्षण दिहल जाई।ए सीट पs सिर्फ सरकारी स्कूल के छात्र के प्रवेश दिहल जाई। मुख्यमंत्री कहले कि अब तक सिर्फ प्राइवेट स्कूल के छात्र नीट पास करत रहले, लेकिन अब से दु सूची तैयार होई, एगो सरकारी स्कूल के छात्र अवुरी दूसरा निजी स्कूल के छात्र खातीर। शिवराज आगे कहले कि गरीब पृष्ठभूमि से आवे वाला बच्चा के भी आगे बढ़े के मउका मिले के चाही।

एह दिने परियोजना के शिलान्यास

बता दीं कि मुख्यमंत्री शिवराज जबलपुर में 1857 के विद्रोह के आदिवासी प्रतीक राजा शंकर शाह अवुरी उनुका बेटा कुंवर रघुनाथ शाह के शहादत दिवस के मौका पs आयोजित एगो कार्यक्रम के संबोधित करत रहले। एकरा अलावे सीएम चौहान 100 करोड़ रुपिया के लागत से आदिवासी रानी दुर्गावती के स्मारक बनावे के घोषणा भी कईले बाड़े। उ कहले कि 5 अक्टूबर के परियोजना के शिलान्यास समारोह के आयोजन कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]