महिला आरक्षण बिल पास होले के बाद सदन के विशेष सत्र भइल समाप्त, लोकसभा आ राज्यसभा अनिश्चितकाल ले स्थगित

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2023

  महिला आरक्षण विधेयक पारित होखला के बाद गुरुवार के सदन के विशेष अधिवेशन खतम हो गईल। एकरा संगे लोकसभा अवुरी राज्यसभा के अनिश्चित काल खातीर स्थगित कs दिहल गईल बा। सदन के ई विशेष

Share

 

महिला आरक्षण विधेयक पारित होखला के बाद गुरुवार के सदन के विशेष अधिवेशन खतम हो गईल। एकरा संगे लोकसभा अवुरी राज्यसभा के अनिश्चित काल खातीर स्थगित कs दिहल गईल बा। सदन के ई विशेष अधिवेशन सोमार 18 सितंबर के बोलावल गइल। पहिला दिन के कार्यवाही खुद पुरान संसद भवन में भईल। नयका सदन में 19 सितंबर मंगलवार से कार्यवाही शुरू भईल। एह दौरान नारी शक्ति वंदन एक्ट बिल के पहिला दिने लोकसभा में पेश कइल गइल। एह विधेयक पs 19 आ 20 सितंबर के बहस भइल आ बुध के दिने 454 वोट से पारित हो गइल।

एकरा के 21 सितंबर गुरुवार के राज्यसभा में पेश कईल गईल। एह विधेयक पs दिन भर एहिजा चरचा भइल आ देर रात मतदान भइल। मतदान के दौरान 215 सांसद ए विधेयक के समर्थन में वोट देले अवुरी कवनो सांसद ए विधेयक के विरोध ना कईले। हालांकि लोकसभा में असदुद्दीन ओवैसी और इम्तियाज जलील ए विधेयक के खिलाफ वोट देले। राज्यसभा में चर्चा के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले कि, ‘ए विधेयक से देश के जनता में एगो नाया विश्वास पैदा होई।’ महिला के सशक्त बनावे अवुरी ‘नारी शक्ति’ बढ़ावे में सभ सदस्य अवुरी राजनीतिक दल के अहम भूमिका रहल बा। आईं देश के एगो मजबूत संदेश दिहल जाव।”

हम तमाम राज्यसभा सांसद लो के धन्यवाद देत बानी

पीएम मोदी कहले कि नारी शक्ति वंदन कानून के वोट देवे वाला राज्यसभा के ओ सभ सांसद के हम धन्यवाद देतानी। अइसन सर्वसम्मति से समर्थन सही मायने में उत्साहवर्धक बा। संसद में नारी शक्ति वंदन एक्ट के पारित होखला से हमनी के भारत के महिला लोग खातिर मजबूत प्रतिनिधित्व आ सशक्तिकरण के दौर शुरू हो रहल बा। ई खाली कानून ना ह। हमनी के देश के निर्माण करे वाली अनगिनत महिला के श्रद्धांजलि बा। उहाँ के बड़ योगदान से भारत समृद्ध भइल बा।

एह विधेयक से देश के जनता में एगो नया विश्वास पैदा होई – पीएम मोदी

प्रधानमंत्री कहले कि आजु जब हमनी के जश्न मनावत बानी जा त हमनी के अपना देश के सभ महिला के ताकत, हिम्मत अवुरी अदम्य भावना के याद आवत बा। ई ऐतिहासिक कदम एह बात के प्रतिबद्धता ह कि ओह लोग के आवाज अउरी प्रभावी ढंग से सुनल जाव। उ कहले कि ए विधेयक से देश के जनता में एगो नाया विश्वास पैदा होई। महिला के सशक्त बनावे अवुरी ‘नारी शक्ति’ बढ़ावे में सभ सदस्य अवुरी राजनीतिक दल के अहम भूमिका रहल बा।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.