[the_ad_group id="30365"]

NER के 35-स्टेशनन पs मिली पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम के सुविधा : पहिला चरण में गोरखपुर समेत तीनों मंडलन के कमर्शियल कंट्रोल रूम में लागल सिस्टम, पार्सल ले करेंट-लोकेशन जान सकी कंज्यूमर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वोत्तर रेलवे के 35 स्टेशनन पs जल्दिये पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम सुरू करे के तइयारी बा। एकरा तहत बार कोड के स्कैन कs के पार्सल के लोकेशन जानल आसान हो जाई। एसे जहां एक ओरि पार्सल गायब ना होई तs ओहिजा दूसरा ओर सामान के डिलीवरियो समय से होई। पहिला चरण में तीनों मंडलन के कमर्शियल कंट्रोल रूम आ गोरखपुर हेडक्वार्टर में पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम स्थापित कs दिहल गइल बा। जल्दिये इहां बार कोड जेनरेट होखे लागी।

पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम से बुकिंग पूरा तरे से ऑनलाइन हो जाई। सामान बुक होखला के संगही कंज्यूमर के एक बेर कोड मिल जाई। बार कोड के माध्यम से उपभोक्ता के मोबाइल पs पार्सल के अपडेट जानकारी मिलत रही। पार्सल कब निकलल आ कहां पहुंचल, कहां पड़ल बा, SMS के माध्यम से एकर सूचना मिलत रही। अइसन में पार्सल के गायब होखला भा देर होखे के समस्या पूरा तरे से खत्म हो जाई।

तीसरका चरण में 31 स्टेशनन पs लागी सिस्टम

NER के CPRO पंकज कुमार सिंह के मोताबिक, दूसरका चरण में लखनऊ जं. आ छपरा स्टेशनन पs पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम स्थापित कइल जा रहल बा। तीसरका चरण में काठगोदाम, लालकुआं, रूद्रपुर सिटी, काशीपुर, रामनगर, बरेली सिटी, फर्रुखाबाद, कन्नौज, कासगंज, बस्ती, खलीलाबाद, गोण्डा, बुढ़वल, ऐशबाग, सीतापुर, लखीमपुर, बहराइच, बलरामपुर, प्रयागराज रामबाग, आजमगढ़, बलिया, देवरिया सदर, गाजीपुर सिटी, कप्तानगंज, बनारस, मऊ, पडरौना, सिसवा बाजार, सीवान, वाराणसी सिटी स्टेशनन सहित कुल 31 स्टेशनन पs सिस्टम लगावल जाई।

ऑटोमेटिक कैलकुलेशन होई आसान

पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम से रेल कर्मचारियन के फेयर के ऑटोमेटिक कैलकुलेशन कइल आसान हो जाई आ ग्राहकन के परिवहन के दौरान पार्सल के करेंट पोजीशन जइसे बुकिंग, लोडिंग, अनलोडिंग आ डिलेवरी के सटीक जानकारी मोबाइल पs मैसेज के माध्यम से मिलत रही। एकरा उपयोग से ग्राहकन में संतुष्टि आ पारदर्शिता बढ़ी। रेलवे में पार्सल मैनेजमेंट सिस्टम के उपयोग के मुख्य उद्देश्य रेल उपभोक्तन के सुविधा आ पार्सल यातायात में बढ़न्ती कइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]