[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तानी कोर्ट राज कपूर के बचा लिहलस हवेली , मालिक ओकरा के तोड़ के बनावल चाहत रहले कमर्शियल कॉम्प्लेक्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेशावर, 1 मई (वार्ता) खैबर पख्तूनख्वा प्रांत के राजधानी पेशावर में दिवंगत बॉलीवुड अभिनेता राज कपूर के हवेली के मालिकाना हक माँगे वाला याचिका के पाकिस्तानी अदालत खारिज कर दिहलस। एह हवेली के 2016 में प्रांतीय सरकार द्वारा राष्ट्रीय धरोहर घोषित कइल गइल रहे।

पेशावर हाईकोर्ट के जस्टिस इश्तियाक इब्राहिम आ जस्टिस अब्दुल शकूर के पीठ गुरुवार के याचिकाकर्ता के मालिकाना दावा से जुड़ल मामला के खारिज क देलस।

इहाँ के मशहूर किस्सा ख्वानी बाजार में स्थित दिवंगत बॉलीवुड अभिनेता दिलीप कुमार के हवेली के अधिग्रहण के प्रक्रिया से जुड़ल एही अदालत के पहिले के फैसला के आलोक में हाईकोर्ट राज कपूर के हवेली के स्वामित्व से जुड़ल याचिका के खारिज क देलस।
दिलीप कुमार के हवेली के भी राष्ट्रीय धरोहर घोषित कईल गईल। घोषणा तत्कालीन प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के नेतृत्व वाली संघीय सरकार कईले बा।

खैबर पख्तूनख्वा प्रांत के अपर महाधिवक्ता अदालत में बतवले कि प्रांतीय पुरातत्व विभाग 2016 में एगो अधिसूचना के माध्यम से कपुर हवेली के राष्ट्रीय धरोहर घोषित कईले रहे।

एकरा पे न्यायमूर्ति शकूर पुरातत्व विभाग से पूछले कि का ओकरा लगे कवनो दस्तावेज चाहे सबूत बा जवना से पता चल सके कि राज कपूर के परिवार कबो ए हवेली में रहत रहे।

याचिकाकर्ता सईद मुहम्मद के वकील सबाहुद्दीन खट्टक अदालत में बतवले कि उनुका मुवक्किल के पिता 1969 में नीलामी के दौरान ए हवेली के खरीदले रहले आ उ एकर लागत चुकवले रहले आ जब तक प्रांतीय सरकार के ओर से अधिग्रहण के प्रक्रिया शुरू ना भईल तब तक उ निरपेक्ष मालिक बनल रहले।
उ दावा कईले कि प्रांतीय सरकार के कवनो विभाग के लगे अयीसन कवनो दस्तावेज नईखे जवना से इ साबित हो सके कि स्वर्गीय राज कपूर आ उनुकर परिवार कबो ए हवेली में रहत रहले ।

हालांकि पीठ वकील से कहलस कि मामला के सिविल कोर्ट में ले जाइल जा सकता।

हवेली के हालत अब बहुत जर्जर हो गईल बा आ एकर वर्तमान मालिक एकरा स्थान के महत्व के देखत एकरा संरचना के तोड़ के एगो व्यावसायिक प्लाजा बनावल चाहतारे। हालांकि पुरातत्व विभाग एह हवेली के ऐतिहासिक महत्व के ध्यान में राखत संरक्षित कईल चाहत रहे एहसे अयीसन सभ कदम पे रोक लगा दिहल गईल।

राज कपूर के पैतृक घर, जेकरा के लोकप्रिय रूप से कपूर हवेली के नाम से जानल जाला, पेशावर के मशहूर किस्सा ख्वानी बाजार में बा। एकर निर्माण 1918 से 1922 के बीच अभिनेता के दादा दीवान बशेश्वरनाथ कपूर कइले रहलें। राज कपूर आ उनकर मामा त्रिलोक कपूर के जनम इहाँ भइल रहे।

ऋषि कपूर आ उनकर भाई रणधीर 1990 के दशक में हवेली के दौरा कइले रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]