[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: ट्रायल रूम में पैंट के नीचे लोवर पहिन के युवक फरार, घटना CCTV में भइल कैद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजाद नगर निवासी दुकानदार महाराणा प्रताप सिंह महायोगी गुरु गोरखनाथ परिसर में रंजू फैशन नाम के दोकान खोलले बाड़े। उ बतवले कि 20 अप्रैल 2023 के ईद त्योहार के चलते दोकान पे ग्राहक के भीड़ रहे। एही बीच एगो आदमी हाथ में दु गो लोवर लेके ट्रायल रूम में ले के  गईल आ निकलल एगो लेके।

 

गोरखपुर जिला के गोरखनाथ थाना क्षेत्र में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो कॉम्प्लेक्स में स्थित एगो दोकान में घुसला के बाद एगो युवक पैंट के भीतरी नया लोअर पहिन के भाग गईल। घटना के सीसीटीवी कैमरा में देख के मालिक गोरखनाथ थाना में युवक के खिलाफ तहरीर देले बाड़े। तहरीर के आधार पे पुलिस मामला के जांच करतिया।

 

जानकारी के मुताबिक आजाद नगर निवासी दोकानदार महाराणा प्रताप सिंह महायोगी गुरु गोरखनाथ परिसर में रंजू फैशन नाम के दोकान खोलले बाड़े। उ बतवले कि 20 अप्रैल 2023 के ईद त्योहार के चलते दोकान पे ग्राहक के भीड़ रहे।

 

एही बीच एगो आदमी हाथ में दु गो लोवर लेके ट्रायल रूम में गईल। जब उ बाहर निकलले त हाथ में एगो लोवर रहे। जेकरा के कपड़ा के बीच में लुका के लेके भाग गईल। युवक के लोवर के संगे भीतर जाके बिना लोवर के बाहर निकले के फोटो कैमरा में कैद भईल।

साभार- अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]