[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार : गोरखपुर के रामगढ़ताल साइड में बनी टू लेन सड़क, होई सुंदरीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर रामगढ़तल के सुंदरता बढ़ावे खातिर आ पर्यटकन के अधिका से अधिका सुविधा देबे खातिर झील के चारो ओर टू लेन के रिंग रोड बनावल जाई। एहसे पहिले फोर लेन सड़क बनावे के तइयारी होखत रहे। लेकिन फिलहाल दु लेन बनावे के फैसला हो गईल बा। आरकेबीके से सहारा एस्टेट तक के अधिकांश निर्माण परियोजना में बदलाव से प्रभावित होखे के उम्मेद नईखे। कुछ लोग प्रभावित होई लेकिन आंशिक रूप से ही।

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) से मिलल जानकारी के मुताबिक प्राधिकरण झील के चारो ओर साढ़े सात मीटर चौड़ा रिंग रोड बनाई। एकरा संगे डेढ़ मीटर फुटपाथ भी तैयार कईल जाई। पैडलेगंज से आरकेबीके तक जल निगम पहिलही से तीन मीटर चौड़ा सड़क बना रहल बा। अइसना में जब जीडीए ओहिजा साढ़े सात मीटर के सड़क आ डेढ़ मीटर के फुटपाथ बनाई त एह दूरी तक लोग के 10.5 मीटर चौड़ा सड़क के सुविधा मिल जाई।

एकरा संगे देवरिया के बाईपास के भी फोर लेन बनावे के बजट जारी कईल गईल बा। एकरा के लोक निर्माण विभाग बनाई। बाकी हिस्सा पे जीडीए दु लेन के निर्माण करी। एह परियोजना पे करीब 80 से 90 करोड़ रुपिया खरच कइल जाई।

पैडलेगंज से नौकायन तक पहिलही से चार लेन के सड़क बा। नौकायन से देवरिया बाईपास पे स्थित हनुमान मंदिर तक लोनिवि द्वारा बनावल जा रहल फोर लेन सड़क के भी एकर हिस्सा बनावल जाई। एकरा बाद सहारा एस्टेट तक देवरिया बाईपास फोरलेन के इस्तेमाल कईल जाई।

सहारा एस्टेट के मुख्य सड़क के भी ए परियोजना में शामिल कईल जाई। एह सड़क के आगे बढ़ावत झारखंडी के आरकेबीके के रास्ता से पैडलेगंज से जोड़ल जाई। एकरा लेके तईयारी शुरू हो गईल बा। सर्वेक्षण के काम अंतिम चरण में बा। दस दिन में डीपीआर के फाइनल होखे के उमेद बा। निकाय चुनाव के बाद निविदा आदि के प्रक्रिया शुरू हो जाई। ए सड़क पे यातायात के संगे अलग-अलग जगह पे मनोरंजन आ स्ट्रीट फूड जोन के भी तैयारी कईल जाई। साइकिल ट्रैक बनावे के भी योजना बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]