Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान: अविश्वास प्रस्ताव खारिज, नेशनल असेंबली भंग

इंसाफ खातिर आवाम का बीचे जायेम- इमरान

161
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पाकिस्तान के नेशनल असेंबली में आज बड़हन उलटफेर हो गइल। डिप्टी स्पीकर विदेशी साजिस के आरोप लगाके अनुच्छेद 5 के तहत अविश्वास प्रस्ताव खारिज कs देले। एकरा संगही इमरान खान के मांग पs राष्ट्रपति नेशनल असेंबली के भंग कs देले। अब पाकिस्तान में  90 दिन के भीतरी आम चुनाव होई।

अविश्वास प्रस्ताव खारिज होखला के बाद इमरान खान देस के संबोधित कइले। एह दौरान ऊ कहले-

हम इंसाफ ला आवाम के बीचे जायेम। हम लोगन से अपील करत बानी कि ऊ अगिला चुनाव के तइयारी करे लो। समूचा कौम के संगे गद्दारी के कोसिस होत रहल हs।

इमरान के फसीला के बाद विपक्षी पार्टी उनका खिलाफ मोरचा खोल देले बाड़ी सs। पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के अध्यक्ष बिलावल भुट्टो के कहनाम बा कि इमरान संविधान तुरले बाड़े। हमनी के एकरा खिलाफ सुप्रीम कोर्ट जायेम सs। संगही सभे विपक्षी पार्टी संसद के भीतरी धरना दिही।

Middle Yayawari
बिलावल भुट्टो
235800cookie-checkपाकिस्तान: अविश्वास प्रस्ताव खारिज, नेशनल असेंबली भंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.