[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान: अविश्वास प्रस्ताव खारिज, नेशनल असेंबली भंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के नेशनल असेंबली में आज बड़हन उलटफेर हो गइल। डिप्टी स्पीकर विदेशी साजिस के आरोप लगाके अनुच्छेद 5 के तहत अविश्वास प्रस्ताव खारिज कs देले। एकरा संगही इमरान खान के मांग पs राष्ट्रपति नेशनल असेंबली के भंग कs देले। अब पाकिस्तान में  90 दिन के भीतरी आम चुनाव होई।

अविश्वास प्रस्ताव खारिज होखला के बाद इमरान खान देस के संबोधित कइले। एह दौरान ऊ कहले-

हम इंसाफ ला आवाम के बीचे जायेम। हम लोगन से अपील करत बानी कि ऊ अगिला चुनाव के तइयारी करे लो। समूचा कौम के संगे गद्दारी के कोसिस होत रहल हs।

इमरान के फसीला के बाद विपक्षी पार्टी उनका खिलाफ मोरचा खोल देले बाड़ी सs। पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के अध्यक्ष बिलावल भुट्टो के कहनाम बा कि इमरान संविधान तुरले बाड़े। हमनी के एकरा खिलाफ सुप्रीम कोर्ट जायेम सs। संगही सभे विपक्षी पार्टी संसद के भीतरी धरना दिही।

बिलावल भुट्टो
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]