Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार एमएलसी चुनाव: 24 सीट पs हो रहल बा मतदान

201
सीवान इन्शुरेंस 720 90

बिहार में विधान परिसद के 24 सीट पs आज मतदान हो रहल बा। आठ बजते वोटिंग सुरू हो गइल। वोटिंग साँझ के 4 बजे ले चली। मतदान केंद्र पs 4 गो कर्मी आ सुरक्षा बल के इंतेजाम बा। सब केन्द्रन पs वोटिंग के लाइव वेबकास्टिंग हो रहल बा।

सीट वाइज प्रत्यासियन के संख्या

वोटिंग खातिर राज्य भर में 534 प्रखण्ड में बूथ बनावल गइल बा। विधान परिसद के एह सीटन पs 185 प्रत्यासियन के बीचे मुकाबला बा। राज्य के कुल 1 लाख 32 हजार 116 मतदाता 185 प्रत्यासी के भाग के फसीला तय करी लो। मत के गिनती 7 अप्रिल के होई।

सीट वाइज प्रत्यासी लो के संख्या

  1. पटना : 6
  2. गोपालगंज : 6
  3. सारण : 8
  4. सीवान : 8
  5. गया-जहानाबाद-अरवल :5
  6. नालंदा :5
  7. नवादा : 11
  8. औरंगाबाद :8
  9. भोजपुर-बक्सर : 2
  10. कटिहार : 8
  11. मुंगेर-जमुई -लखीसराय-शेखपुरा : 13
  12. पूर्णिया-अररिया-किशनगंज : 7
  13. पश्चिम चंपारण : 7
  14. पूर्वी चंपारण : 7
  15. मुजफ्फरपुर :6
  16. रोहतास-कैमूर : 9
  17. दरभंगा : 13
  18. वैशाली : 6
  19. समस्तीपुर: 8
  20. सहरसा-मधेपुरा-सुपौल :14
  21. बेगुसराय-खगड़िया- 12
  22. भागलपुर-बांका : 7
  23. मधुबनी :6
  24. सीतामढ़ी-शिवहर :5

 

Middle Yayawari

एह चुनाव में के-के वोट डाल सकेला-

  • वार्ड सदस्य
  • पंचायत समिति सदस्य
  • मुखिया
  • जिला परिसद सदस्य
  • नगर निकाय के प्रतिनिधि
  • विधायक
  • विधान पार्षद
  • सांसद
235980cookie-checkबिहार एमएलसी चुनाव: 24 सीट पs हो रहल बा मतदान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.