इस्तीफा ना, आखिरी गेना ले लड़ेम- इमरान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2022

अविश्वास प्रस्ताव के चलते मुस्किलात के सामना कs रहल पाकिस्तान के बियफे के साँझ के देस के आवाम के संबोधित कइले। ऊ कहले- एह मुल्क के फसीला अतवार के होई। नतीजा चाहे जवन होखे हम

Share

अविश्वास प्रस्ताव के चलते मुस्किलात के सामना कs रहल पाकिस्तान के बियफे के साँझ के देस के आवाम के संबोधित कइले। ऊ कहले- एह मुल्क के फसीला अतवार के होई। नतीजा चाहे जवन होखे हम आखिरी गेना तक मुक़ाबला करेम, हार ना मानेम।

भावुक कs देवे आला संबोधन में इमरान कहले- 22 करोड़ लोग हमार सबसे बड़ जिम्मेवारी बा। अतवार के ई पाता लागी कि का मुल्क ओहि गुलाम नीति आ भ्रष्ट लोगन कावर जाई भा हमरा संगे चली। केहु हमरा से कहल कि इस्तीफा दे दs। जे लोग हमरा संगे क्रिकेट खेलत रहे ऊ जानत बा, हम आखिरी गेना ले मुकाबला करेनी। हम कबो हार ना मानेनी। वोट के जवन कवनो नतीजा होखे, हम ओकरा बाद आउर मजबूती से आयेम। हम चाहत बानी कि समूचा कौम देखो कि के जाके अपना जमीन के सौदा करत बा।

इमरान खान इहो कहले कि हम आजाद विदेस नीति के बात कहनी, बाकिर ओकर माने कवनो देस के विरोध ना रहे। हमार विदेस नीति भारत विरोधी ना रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.