[the_ad_group id="30365"]

Pakistan Karachi Fire: कराची के शॉपिंग मॉल में लगल भीषण आग, झुलसके 9 लोगन के भइल दर्दनाक मउत, 1 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान कराची में आग : पाकिस्तान के कराची में राशिद मिन्हास रोड पs आजु यानी शनिचर (25 नवंबर) में लागल आरजे मॉल में आग लगला से कम से कम नौ लोग के मउत हो गइल बा आ एगो घवाहिल हो गइल बा। कराची के स्थानीय अस्पताल आ पुलिस के अधिकारी डॉन न्यूज के जानकारी दिहले कि अस्पतालन में नौ गो लाश ले आवल गइल बा। आठ गो लाश जिन्ना पोस्टग्रेजुएट मेडिकल सेंटर जेपीएमसी आ एगो लाश सिविल अस्पताल कराची (सीएचके) ले आवल गइल।

सबेरे 6:30 बजे मॉल में आग लाग गईल

शारिया फैसल स्टेशन हाउस ऑफिसर (SHO) राजा तारिक महमूद ने डॉन न्यूज से बतवले कि जवना भवन में आग लागल रहे उ एगो बड़ व्यावसायिक भवन रहे। बिल्डिंग के भीतर शॉपिंग सेंटर, कॉल सेंटर अवुरी सॉफ्टवेयर हाउस रहे। फायर एंड रेस्क्यू विभाग के प्रवक्ता एगो बयान जारी कs बतवले कि, सबेरे साढ़े छह बजे घटना के जानकारी मिलल, ओकरा बाद उ लोग 8 फायर टेंडर, दु स्नोर्कल अवुरी दु बाउजर मौका पs भेजले अवुरी आग पs काबू पा लेले। सिंध महानिरीक्षक (IG) रिफत मुख्तार ने जिला के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के भवन के भीतर फंसल लोग के बचावे के निर्देश जारी कईले रहले। संगही, उ सड़क साफ करे के आदेश देले रहले, ताकि फायर ब्रिगेड बिना कवनो परेशानी के उहाँ पहुंच सके।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]