[the_ad_group id="30365"]

क्रिकेट खेलत 10वीं कक्षा के लईका के करंट लगले से मउत, बचवले के कोशिश में दोस्त हो गइल घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धारवाड़ : कर्नाटक के धारवाड़ जिला के सिद्धारमा कॉलोनी में शनिचर के क्रिकेट खेलत घरी 16 साल के एगो लईका के करंट लगला से मउत हो गईल। मरेवाला के पहचान दसवीं कक्षा के छात्र श्रेयस शिन्नुरा के रूप में भईल बा। उनुका के बचावे के कोशिश करेवाला दोस्त के भी गंभीर चोट आईल बा अवुरी फिलहाल उनुकर इलाज अस्पताल में चलता। पुलिस के मुताबिक शुक्रवार के सांझ के लईका घर के ऊपरी हिस्सा में क्रिकेट खेलत रहले, तबे गेंद पकड़त समय श्रेयस बिजली के तार के संपर्क में आ गईले। उनुका के गंभीर हालत में निजी अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां उनुकर मउत हो गईल।

श्रेयस उनकर माई-बाबूजी के एकलौता बेटा रहले।

श्रेयस के पिता अशोक शिन्नूरा बतवले कि उनुकर एकलौता बेटा शाम पांच बजे स्कूल से लवटल रहे। उ बतवले कि उ अपना दोस्त के संगे क्रिकेट खेले जाए से पहिले मोबाइल पs कुछ समय बितवले रहले। उ कहले कि, ’10 मिनट के बाद लोग हमरा के फोन कईले अवुरी जब हम उहाँ पहुंचनी तs श्रेयस घायल पावल गइल। हम ओकरा के अस्पताल ले गईनी, लेकिन उ बाच ना पवलस।’श्रेयस के बचावे के कोशिश में श्रेयस के दोस्त प्रणव घायल हो गईले। फिलहाल उनुकर इलाज अस्पताल में चलता। पुलिस जांच शुरू देले बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]