[the_ad_group id="30365"]

पुणे में पलटल Ethylene oxide से भरल टैंकर, गैस के हो रहल बा रिसाव, लोगन में आग आ धमाका के डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पुणे के विमान नगर इलाका में एगो टैंकर पलटला से दहशत मच गइल बा। असल में सड़क पs जवन टैंकर पलट गईल रहे उ Ethylene oxide से भरल बा। बतावल जाव कि वडगांव शेरी चौराहा के लगे पुणे-अहमदनगर सड़क पs ई टैंकर पलट गइल। जवना इलाका में टैंकर पलट गइल ऊ आबादी वाला इलाका ह।टैंकर से भारी मात्रा में गैस लीक हो रहल बा। अयीसना में टंकर में कवनो विस्फोट हो सकता, एकर आशंका बा। एही बीच मामिला के जानकारी मिलला के बाद प्रशासन के अलग-अलग विभाग के टीम मौका पs पहुंचल बा।फायर ब्रिगेड भी आपन काम सम्हार लेले बा। मौका पs फायर ब्रिगेड के कुल 8 फायर इंजन के तैनात कईल गईल बा।

गैस रिसाव के चलते विस्फोट के डर

फायर ब्रिगेड के गाड़ी लगातार टैंकर पs पानी के छिड़काव करतिया, ताकि कवनो घटना से बचावल जा सके। इहाँ आग आ विस्फोट के लगातार खतरा रहेला। एह लीक के काबू में राखे खातिर रिलायंस पेट्रोकेमिकल कंपनी के बचाव आ मरम्मत टीम के बोलावल गइल बा। टीम के पहुंचे तक लगातार टैंकर पs पानी के छिड़काव कईल जाता। पुलिस विभाग यातायात पs नियंत्रण कs लेले बा। यातायात पs भी नियंत्रण हो गईल बा, जवना के चलते सड़क पs रफ्तार धीमा हो गईल बा। ध्यान रहे कि प्रशासन के टीम मौका पs मौजूद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]