[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान के पूर्व पीएम इमरान खान के 14 साल के जेल, पत्नी बुशरा बीबी के भी 7 साल के सजा

इमरान खान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल इमरान खान के भ्रष्टाचार के मामिला में 14 साल के जेल के सजा सुनावल गइल बा. पाकिस्तान के अदालत अल कादिर यूनिवर्सिटी ट्रस्ट भ्रष्टाचार (Al-Qadir University Project Trust) के मामला में उनुका के इs सजा देले बिया। उनुका पत्नी बुशरा बीबी के भी 7 साल के सजा सुनावल गईल बा।  पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल इमरान खान आ उनुकर पत्नी बुशरा बीबी के भ्रष्टाचार के मामिला में दोषी करार दिहल गइल बा.

इमरान खान अवुरी उनुका पत्नी पs जुर्माना लगावल गईल

पाकिस्तान के एगो अदालत बियफे के दिने अल-कादिर ट्रस्ट मामिला में पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान आ उनुकर मेहरारू बुशरा बीबी के भ्रष्टाचार के दोषी ठहरवलस. एs मामला में कोर्ट के जज नासिर जावेद राणा फैसला देले, अलग-अलग कारण से कोर्ट तीन बेर टाल दिहल गईल रहे। इमरान खान पs भी 10 लाख पाकिस्तानी रुपया के जुर्माना लगावल गईल बा अवरू उनुका पत्नी बुशरा बीबी पs पाकिस्तानी पांच लाख रुपया के जुर्माना भी लगावल गईल बा। एs मामला में एनएबी दिसंबर 2023 में खान (72 साल), बीबी (50 साल) अवुरी 6 अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईले रहे।

कवना मामला में सजा दिहल गईल?

द डॉन रिपोर्ट के मुताबिक, बहरिया टाउन लिमिटेड से अरबों रुपया अवुरी सैकड़ों कनाल जमीन के हस्तांतरण में इमरान खान अवुरी उनुकर पत्नी बुशरा बीबी मदद कईले। बदला में खान के कार्यकाल में यूनाइटेड किंगडम के ओर से पाकिस्तान के वापस कईल गईल 50 अरब रुपया के वैध कs दिहल गईल। इहो आरोप बा कि राष्ट्रीय खजाना खातिर बनावल धन के कथित तौर पs निजी फायदा खातिर डायवर्ट कइल गइल जवना में अल-कादिर विश्वविद्यालय के स्थापना शामिल बा. अल कादिर ट्रस्ट के ट्रस्टी के रूप में बुशरा बीबी पs भी आरोप बा कि उs एs समझौता से सीधा फायदा उठावत बाड़ी। एह मामिला में इहो आरोप लगावल गइल बा कि कराची के बहरिया टाउन में जमीन के भुगतान करे खातिर इस्तेमाल होखे वाला खाता में राज्य खातिर बनावल धन के गैरकानूनी हस्तांतरण” में खान के अहम भूमिका रहल.

इहो पढ़ीं: Accident: पुणे में ट्रक कार के मरलस टक्कर, 9 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]