चीनी हैकर्स के बड़ कारनामा, अमेरिका के वित्त मंत्री के कम्प्यूटर हैक, 50 से जादा फाइल चोरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 17, 2025

चीनी हैकर अमेरिकी वित्त मंत्री जेनेट येलेन के कंप्यूटर में सेंध लगा देले बाड़े.  खबर के मुताबिक चीनी हैकर अमेरिकी सीनेट के सदस्य अवुरी खजाना सचिव जेनेट येलेन के कंप्यूटर से कम से कम 50

Share

अमेरिका के वित्त मंत्री के कम्प्यूटर हैक

चीनी हैकर अमेरिकी वित्त मंत्री जेनेट येलेन के कंप्यूटर में सेंध लगा देले बाड़े.  खबर के मुताबिक चीनी हैकर अमेरिकी सीनेट के सदस्य अवुरी खजाना सचिव जेनेट येलेन के कंप्यूटर से कम से कम 50 फाइल चोरा लेले बाड़े।  ब्लूमबर्ग के रिपोर्ट के मुताबिक, चीनी हैकर दिसंबर में ट्रेजरी डिपार्टमेंट के डिप्टी सेक्रेटरी वाले एडेयेमो (Wally Adeyemo) अवुरी कार्यकारी अंडर सेक्रेटरी ब्रैड स्मिथ  (Brad Smith) के कंप्यूटर पs भी असर डालले रहले।

रिपोर्ट में दावा कईल गईल बा कि चीनी हैकर वित्त मंत्री अवुरी ट्रेजरी सेक्रेटरी जेनेट येलेन के कंप्यूटर से करीब 50 फाइल ले पहुंचले बाड़े अवुरी ट्रेजरी डिपार्टमेंट, खुफिया अवुरी इंटरनेशनल अफेयर्स के काम से जुड़ल जानकारी चोरा लेले बाड़े।

3000 से जादा फाइल में लगवलस सेंध

रिपोर्ट के मुताबिक, हैकर कोषागार विभाग के 400 से जादा पर्सनल कंप्यूटर अवुरी पर्सनल डिवाइस पs मौजूद 3,000 से जादे फाइल के एक्सेस कईले रहले। एकरा अलावे हैकर अमेरिका में विदेशी निवेश समिति से जुड़ल जानकारी भी हासिल कईले बाड़े। ई समिति विदेशी निवेश के सुरक्षा प्रभाव के समीक्षा करेले|

ब्लूमबर्ग के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, हैकर थर्ड पार्टी साइबर सिक्योरिटी सर्विस प्रोवाइडर BeyondTrust कॉर्पोरेशन में एगो खामी के फायदा उठवले बा।  साइबर सिक्योरिटी सर्विस प्रोवाइडर पछिला महीना 8 दिसंबर के इs जानकारी देले रहे।  कोषागार विभाग ई जानकारी साइबर सुरक्षा एजेंसी, एफबीआई आ अउरी खुफिया एजेंसियन के दिहलस. ट्रेजरी के कर्मचारी एह हफ्ता कांग्रेस के सहायक आ विधायकन के एह घटना के बारे में जानकारी दिहले.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.