[the_ad_group id="30365"]

Accident: पुणे में ट्रक कार के मरलस टक्कर, 9 लोगन के मउत

Accident
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के पुणे शहर से सड़क दुर्घटना के दिल दहला देवे वाला मामला सामने आ रहल बा। एह सड़क दुर्घटना में कुल 9 लोग के मउत हो चुकल बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक ट्रक पीछे से एगो कार के टक्कर मार देले बा। एकरा चलते इs भयानक दुर्घटना भईल जवना में एतना बड़ संख्या में लोग के मउत हो गईल बा। एह सड़क दुर्घटना के लेके अउरी जानकारी के इंतजार बा।

दुर्घटना कईसे भईल?

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक इs घटना पुणे के नारायणगांव इलाका में भईल बा। पुणे ग्रामीण पुलिस के एसपी पंकज देशमुख बतवले कि दुर्घटना तब भईल जब एगो ट्रक पीछे से एगो कार से टकरा गईल, जवन कि बदला में एगो बस (जवन खड़ा रहे) से टकरा गईल।

इहो पढ़ीं : दिल्ली में छात्रन के मिली फ्री बस के सुविधा, अरविंद केजरीवाल के बड़ ऐलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]