[the_ad_group id="30365"]

LIVE IND vs PAK T20 Live: पाकिस्तान टॉस जीतके गेंदबाजी चुनलस, भारतीय टीम में तीन बदलाव, हुड्डा-बिश्नोई के वापसी, भारत के पारी शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप में भारत के तीसरा मुकाबला पाकिस्तान के साथे बा। ई दुनु टीम आठ दिन में दूसरा बेर भिड़ रहल बाड़ी सs। पिछला मुकाबला में भारत पांच विकेट से जीत हासिल कइले रहे। अब टीम इंडिया के कोशिश ई मैच जीतके फाइनल के राह आसान करे के होई। ओहिजा, हारे वाला टीम के फाइनल में पहुंचे खातिर बाकी दुनु मुकाबला जीतल0 जरूरी होई।

दुनु टीम एह तरे बा:

पाकिस्तान: बाबर आजम (कप्तान), मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), फखर जमान, इफ्तिखार अहमद, खुशदिल शाह, शादाब खान, आसिफ अली, मोहम्मद नवाज, नसीम शाह, हारिस रऊफ, मोहम्मद हसनैन।

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दीपक हुड्डा, हार्दिक पांड्या, भुवनेश्वर कुमार, रवि बिश्नोई, अर्शदीप सिंह, युजवेंद्र चहल।

IND vs PAK Live: पाकिस्तान ने टॉस जीतकर गेंदबाजी चुनी
भारत के खिलाफ पाकिस्तान टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फसीला लेले बा। पाकिस्तानी कप्तान बाबर आजम प्लेइंग-11 में एगो बदलाव कइले बाड़ें। चोटिल शहनवाज दहानी नइखन खेल रहल। उनका जगे मोहम्मद हसनैन के मौका दिहल गइल बा। ओहिजा, भारतीय टीम में तीन बदलाव कइल गइल बा। रवींद्र जडेजा एशिया कप से बाहर हो चुकल बाड़े। दिनेश कार्तिक के बाहर कइल गइल बा। आ आवेश खानो ई मैच नइखन खेल रहल। तीनो खेलाड़ियन के जगे ऑलराउंडर दीपक हुड्डा, हार्दिक पांड्या आ रवि बिश्नोई के मौका दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]