Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तरुनदीप आ ऋद्धि के जोड़ी फाइनल में

151

तरुनदीप आ ऋद्धि के भारतीय मिश्रित युगल जोड़ी सुक के स्पेन के 5-3 से हराके तीरंदाजी विश्व कप के पहिला चरण के फाइनल में जगे बनावल लो। एकरा संगही भारत आपन दुसरका पदक पक्का कs लेलस।

भारतीय जोड़ी आखिर में ई मुकाबला 5-3 (38-35, 36-39, 38-38,36-35) से जीतल। रॉय आ ऋद्धि अतवार के स्वर्ण पदक के मुकाबला में ब्रिटेन के जोड़ी से भिड़ी लो। अभिषेक वर्मा, रजत चौहान आ अमन सैनी के जोड़ी कंपाउंड पुरुष फाइनल में सनिचर के फ्रांस से खेली। अभिषेक आ मुस्कान के मिश्रित कंपाउंड जोड़ी कांस्य पदक के प्लेऑफ में खेली।

244500cookie-checkतरुनदीप आ ऋद्धि के जोड़ी फाइनल में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.