अंशु-राधिका के एशियाई कुश्तीचैम्पियनशिप में रजत पदक

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 23, 2022

अंशु मालिक (ANSHU MALIK)  के एशियाई कुश्ती चैम्पियनशिप में सुक के सुरूआती तीनों मुकाबला में जीत दर्ज कs कइला के बाद (65 किलोग्राम) फाइनल में हार के रजत पदक से संतोष करे के पड़ल। राधिको (RADHIKA)

Share

अंशु मालिक (ANSHU MALIK)  के एशियाई कुश्ती चैम्पियनशिप में सुक के सुरूआती तीनों मुकाबला में जीत दर्ज कs कइला के बाद (65 किलोग्राम) फाइनल में हार के रजत पदक से संतोष करे के पड़ल। राधिको (RADHIKA) के हार के संगे रजत से संतोष करे के पड़ल।

साकुराई से मिलल हार 

सुरूआत के तीनो मुकाबला तकनीकी श्रेष्ठता से जीते आली अंशु के फाइनल में जापान के त्सुगुमी साकुराई चित कs देली। हरियाणा के निदान गांव के 20 बरिस के अंशु के एशियाई चैम्पियनशिप में ई पहिला तीसरा पदक हs। अंशु साल 2020 में कांस्य आ पिछिला साल स्वर्ण पदक मिलल रहे। अंशु पहिला मैच में उज्बेकिस्तान के शोखिदा के, दूसरा में सिंगापूर के डेनियल सू चिंग लिम आ सेमीफाइनल में मंगोलिया के बोलोरतुया के हरवली।

राधिका राउंड 5 के मुकाबला में कजाखस्तान के दरिग अबेन के खिलाफ जीत दर्ज कs के रजत अपना नावे कइली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.