[the_ad_group id="30365"]

तीरंदाजी: भारत फ्रांस के हरा के स्वर्ण पदक जीतलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिषेक वर्मा, रजत चौहान आ अमन सैनी के भारतीय पुरुस ‘कंपाउंड’ तीरंदाजी टीम विश्व कप के पहिला चरण में स्वर्ण पदक अपना नावे कइल लो। सनिचर के रोमांचक मुकाबला में भारत फ्रांस के एक अंक से हरा देलस। भारत बाकिर ‘कंपाउंड’ में दुसरका पदक ना जीत पाइल। वर्मा आ मुस्कान किरार के मिश्रित युगल जोड़ी कांस्य पदक के ‘प्लेऑफ’ में क्रोएशिया से 156-157 से हार गइल।

भारत कइलस शानदार वापसी  

पुरुस फाइनल में भारत के टीम फ्रांस से एक समे 113-116 से पिछड़त रहे। बाकिर ओकरा बाद भारत सानदार वापसी कइलस आ तीसरका सेट 60-58 से जीतके कुल स्कोर 173-174 कs देलस।

एकरा बाद भारत के खिलाड़ी पाछे मुड़के ना देखल लो आ चउथा सेट में 59 के सकोर बनावल लो जबकि फ्रांस के टीम दबाव में 57 अंक बना सकल। एह तरे एक अंक के बढ़त बना के भारत सोना के तमगा जीत लेलस।

तरुनदीप आ ऋद्धि  के ‘रिकर्व’ मिश्रित युगल जोड़ी अतवार (आज) स्वर्ण पदक के मुकाबला खातिर उतरी। सेमीफाइनल में एह लो के स्पेन पs 5-3 से जीत मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]