[the_ad_group id="30365"]

Guneet Monga: ऑस्कर के मंच पs गुनीत मोंगा के संगे भइल भेदभाव, अवॉर्ड लेला के बाद स्पीच देवे रोकल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑस्कर 2023 भारत खातिर बहुते खास रहल बा। अबकी बेर भारत के झोली में दु गो अवॉर्ड गिरल। जेमे से एगो आरआरआर के गाना नाटू-नाटू के मिलल ओहिजा दूसरका पुरस्कार गुनीत मोंगा द्वारा निर्देशित डॉक्यूमेंट्री फिल्म द एलिफेंट व्हिस्पर्स के मिलल। गुनीत मोंगा के स्टेज पs ऑस्कर पुरस्कार द्वारा सम्मानित कइल गइल। दुनु के एह दिनन खूब चरचा हो रहल बा। ओहिजा एह दिनन एगो वीडियो सोझा आ रहल बा, जेमे देखे के मिल रहल बा कि गुनीत मोंगा के स्टेज पs स्पीच ना देवे दिहल गइल , जबकि आउर लोगन के बोले दिहल गइल रहे। सोशल मीडिया पs एह बात के खूब चरचा हो रहल बा।

काट दिहल गइल गुनीत मोंगा के स्पीच

ऑस्कर अवार्ड 12 मार्च 2023 के अमेरिका के लॉस एंजेलिस के डॉल्बी थियेटर में भइल रहे। गुनीत मोंगा के फिल्म डॉक्यूमेंट्री द एलीफेंट व्हिस्पर के बेस्ट डॉक्यूमेंट्री शॉर्ट फिल्म के अवॉर्ड दिहल गइल। जहां एक ओर कार्तिकी गोंसाल्विस के बोले दिहल गइल। ओहिजा, गुनीत मोंगा के स्पीच के काट दिहल गइल। एह बारे में खुद गुनीत मोंगा रिएक्शन देले बाड़ी।

ना मिलल बोले के मवका

गुनीत मोंगा कहली, हमार भाषण काटल गइला से हम बहुते निराश रहनी, ई हमरा खातिर ई एगो सदमा रहे। हम बस एतना कहल चाहत रहनी कि भारतीय प्रोडक्शन में ई भारत के पहिला ऑस्कर हs, जवन कि अपना आप में बहुत बड़ बात बा। हम बहुत खुश रहनी, बोलल चाहत रहनी, बाकिर बोले ना दिहल गइल। बाकिर पश्चिमी मीडिया एह बात के खिंचाई कर रहल बा कि हमरा बोले के मवका ना मिलल।

हम वापस आएम 

गुनीत मोंगा आगे कहली, एह बात से लोग आहत बा। सोशल मीडियो पs खूबे वीडियो आ ट्वीट डालल गइल बा कि हमरा बोले के मवका ना मिलल। भारत खातिर ई खास पल रहे, जवन कि हमरा से छीन लिहल गइल। बाकिर फेर, हम सोचनी कि कवनो बात ना, हम इहां वापस आएम आ ई सुनिश्चित करेम कि हमार बात सुनल जाव। हमरा आपन विचार साझा करे खातिर कइयन गो अवसर मिलल बा आ सभे के प्यार पाके बहुते खुशी हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]