[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : ..आ जब रश्मिका मंदाना कहली, लव यू गोरखपुर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : ..आ जब रश्मिका मंदाना कहली, लव यू गोरखपुर

रश्मिका मंदाना कहली, पहिला बेर गोरखपुर आइल रहली। इहाँ आके बहुत अच्छा लागता । इहाँ के लोग बहुत विनम्र अउरी निमन बा। सबके दिल से इज्जत बा आ अगिला बेर मौका मिलला पे जरूर आईब। करीब पांच मिनट तक मंच पे रहला के बाद उ सीधा कार्यक्रम  खातीर चल गईली।

 

तमिल अभिनेत्री शनिचर के दिने एगो निजी समारोह में शामिल होखे खातिर गोरखपुर आइल रहली | रात के करीब साढ़े डेढ़ बजे एयरपोर्ट से आयोजन स्थल पे अईले लोग उनुका के अभिवादन कईले। मंच पे चढ़त रश्मीका सबकर अभिवादन स्वीकार करत, जब लव यू गोरखपुर बोलली  त… सब लोग उनका साथे जुड़ गइल।

असल में कार्यक्रम में सबसे पहिले रश्मीका मंच पे आके सभकर शुभकामना स्वीकार क लिहली | एह दौरान हिंदी डब फिल्म पुष्पा के गीत लगातार बाजत रहे। रश्मीका मंच पे जाके हेलो गोरखपुर आ एहिजा के लोग के तारीफ कइली | कहली , पहिला बेर गोरखपुर आइल बानी। इहाँ आके बहुत अच्छा लागल। इहाँ के लोग बहुत विनम्र अउरी निमन बा। सबके दिल से इज्जत बा आ अगिला बेर मौका मिलला पे जरूर आईब। करीब पांच मिनट तक मंच पे रहला के बाद उ सीधा कार्यक्रम में भाग लेवे खातीर चल गईली। कार्यक्रम में भाग लेवे आईल अतुल बतवले कि उ खुद सिनेमा में अभिनेत्री के देखले बाड़े, आज सामने। विश्वास ना भइल कि अतना बड़ अभिनेत्री अतना सामान्य जिनिगी जियत बाड़ी| बेतियाहटा के सौरभ बतवले कि तमिल अभिनेत्री गोरखपुर के तारीफ करत सुन के बहुते बढ़िया लागल |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]